• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

अभिनय के दिग्गज नाना पाटेकर के निधन

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२२ अशोज, २०८३
A A
अभिनय के दिग्गज नाना पाटेकर के निधन
  • Facebook
    0
  • Messenger
  • Whatsapp
  • Twitter

काठमांडू । बॉलीवुड के चर्चित आ वरिष्ठ अभिनेता नाना पाटेकर के निधन हो गइल बा। ७५ बरिस के उमिर में बियफे के सबेरे गोवा स्थित अपना निवास पर दिल के दौरा पड़ला के बाद उनकर निधन होखे के भारतीय सञ्चार माध्यम सभ जनवले बाड़ें।
गोवा के डोना पाउला स्थित निवास पर तबीयत खराब भइला के बाद उनकरा के तुरते अस्पताल ले जाइल गइल। मणिपाल अस्पताल के चिकित्सक डा. शेखर सालकर के मुताबिक अस्पताल पहुँचला तक उनकर हालत बहुत गंभीर हो गइल रहे। डॉक्टर लोग करीब ४५ मिनट तक सीपीआर समेत जान बचावे के कोशिश कइल, बाकिर उनकरा के बचावल ना जा सकल। सबेरे करीब ५ बजके २० मिनट पर उनकर मौत होखे के बतावल गइल बा।
चिकित्सक लोग के अनुसार नाना पाटेकर रात करीब २ बजके ३० मिनट पर असहज महसूस होखे के बात अपना एगो दोस्त के संदेश भेजले रहले। बाकिर रात के समय होखला के चलते उ संदेश तुरते देखल ना जा सकल। बाद में ऊ अपना निवास पर बेहोशी के हालत में मिललें, जवना के बाद अस्पताल ले जाइल गइल।
उनकर निधन के बाद मेडिको–लिगल केस (एमएलसी) दर्ज कइल गइल बा। मौत के सही कारण के पुष्टि खातिर पोस्टमार्टम करे के बात कहल गइल बा।
नाना पाटेकर भारतीय सिनेमा के एगो बहुआयामी कलाकार के रूप में जानल जात रहलें। हिन्दी आ मराठी सिनेमा में पाँच दशक से अधिक समय तक सक्रिय रहल नाना पाटेकर गंभीर से लेके हास्य भूमिका तक अपना अभिनय के अलग पहचान बनवले रहलें। ‘परिंदा’, ‘क्रांतिवीर’, ‘प्रहार’, ‘तिरंगा’, ‘खामोशी : द म्युजिकल’, ‘वेलकम’ आ ‘नटसम्राट’ जइसन फिलिम में उनकर प्रभावशाली अभिनय के दर्शक लोग खूब पसंद कइल।
‘परिंदा’ खातिर उनकरा के सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेता के राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार मिलल रहे। ‘क्रांतिवीर’ खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेता आ ‘अग्निसाक्षी’ खातिर सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेता के राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार जीत के ऊ तीन गो राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार अपना नाम कइले रहलें।
भारतीय सिनेमा में उनकर योगदान के सम्मान करत भारत सरकार साल २०१३ में उनकरा के प्रतिष्ठित पद्मश्री सम्मान से सम्मानित कइले रहे।
नाना पाटेकर के निधन के खबर से भारतीय फिल्म जगत में शोक के लहर दौड़ गइल बा। उनकर सहकर्मी, कलाकार आ अलग-अलग क्षेत्र के लोग सोशल मीडिया के माध्यम से श्रद्धांजलि दे रहल बा।
पर्दा पर दमदार अभिनय, प्रभावशाली संवाद प्रस्तुति आ अलग अंदाज के चलते दर्शक लोग के बीच खास पहचान बनवले नाना पाटेकर के निधन के भारतीय सिनेमा जगत एगो अनुभवी आ प्रभावशाली कलाकार के विदाई के रूप में देख रहल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............