• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

भोजपुरी भाषा के मान-मर्यादा के अपमान पर पर्सा के भोजपुरी संघ-संस्थन के आपत्ति, प्रशासन से कार्रवाई के मांग

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
October 26, 2026
A A
भोजपुरी भाषा के मान-मर्यादा के अपमान पर पर्सा के भोजपुरी संघ-संस्थन के आपत्ति, प्रशासन से कार्रवाई के मांग
4
SHARES
23
VIEWS
Share on FacebookShare on Twitter

वीरगञ्ज । भोजपुरी भाषा के मान-मर्यादा के अपमान होखे अइसन अश्लील आ अभद्र गतिविधि सांस्कृतिक कार्यक्रमन में देखावल जा रहल बा, एह पर पर्सा के अलग-अलग भोजपुरी संघ-संस्थन आपत्ति जतवले बाड़ें। भोजपुरी भाषा के मौलिकता, साहित्य, कला आ संस्कृति के संरक्षण करे के मांग करत ई संस्थन जिला प्रशासन कार्यालय पर्सा समेत संबंधित निकायन के ध्यानाकर्षण करावले बाड़ें।

जिला प्रशासन कार्यालय पर्सा के संबोधित क के बुझावल गइल ज्ञापनपत्र में कहल गइल बा कि भोजपुरी भाषा विश्व के मानचित्र पर समृद्ध साहित्य आ उत्कृष्ट गीत-संगीत के परंपरा बोले वालस भाषा ह। भोजपुरी में निर्गुण, सोहर, भजन, कजरी, पुरबी,चैतावर , बिरहा, बियाह गीत आ छठ गीत जइसन मौलिक सांस्कृतिक विधा मौजूद बा। बाकिर हाल के दिनन में कुछ सांस्कृतिक कार्यक्रमन में भोजपुरी भाषा के अपमान होखे अइसन प्रस्तुति कइल जा रहल बा, जवना से संस्थन चिंता जतवले बाड़ें।

ज्ञापनपत्र में उल्लेख कइल गइल बा कि वीरगञ्ज में पहिले से आयोजित होत आ रहल अलग-अलग सांस्कृतिक कार्यक्रमन में भोजपुरी भाषा के अश्लील गतिविधियन से जोड़ के प्रस्तुत कइला से भाषा आ संस्कृति के गरिमा पर चोट पहुँच रहल बा। भोजपुरी जइसन समृद्ध भाषा आ लोककला के अश्लीलता के माध्यम से प्रस्तुत कइल दुखद बा। एह तरह के गतिविधियन पर रोक लगावे खातिर स्थानीय प्रशासन से मांग कइल गइल बा।

भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के संरक्षण आ संवर्धन कइल सभे के साझा जिम्मेदारी ह। एह बात पर जोर देत ज्ञापनपत्र बुझावे वाला संस्थन भोजपुरी भाषा के मौलिकता झलके वाला साहित्यिक आ सांस्कृतिक कार्यक्रमन के प्रोत्साहित करे के आग्रह कइले बाड़ें। साथही, आगे अइसन गतिविधि फेर से ना होखे, एह खातिर संबंधित निकायन से जरूरी कदम उठावे के मांग कइल गइल बा।

ज्ञापनपत्र के बोधार्थ जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा, वीरगञ्ज महानगरपालिका कार्यालय समेत स्थानीय तह आ अलग-अलग गैरसरकारी संघ-संस्थन के भी भेजल गइल बा।

ज्ञापनपत्र पर नेपाल भोजपुरी समाज, पर्सा; भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगञ्ज; भोजपुरिया उत्थान; बृहस्पति काउण्डेशन नेपाल, पर्सा; वीरगञ्ज कलाकार समाज, पर्सा आ मैथिली साहित्य महोत्सव आयोजक समिति के नाम उल्लेख बा।

भोजपुरी भाषा के मौलिकता, सांस्कृतिक पहचान आ सामाजिक मर्यादा के बचावे खातिर संबंधित निकाय जरूरी कदम उठइहें, अइसन विश्वास ज्ञापनपत्र बुझावे वाला संस्थन व्यक्त कइले बाड़ें।

 

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............