वीरगञ्ज। विद्यार्थी लोग में मौजूद रचनात्मक क्षमता, कलात्मक प्रतिभा आ लेखन कौशल के विकास करे के उद्देश्य से निजी तथा आवासीय विद्यालय संगठन नेपाल (प्याब्सन) पर्सा द्वारा आयोजित ‘प्याब्सन क्रिएटिभ स्ट्रोक्स–२०८३’ के तहत हस्तलेखन प्रतियोगिता शनिचर के सम्पन्न भइल।
‘जहाँ रंग मिलेला सुन्दर अक्षरन से’ मूल नारा के साथ आयोजित एह प्रतियोगिता में पर्सा के २६ विद्यालय के १८४ विद्यार्थी लोग उत्साहपूर्वक हिस्सा लेले रहे। प्रतियोगिता में गौतम माध्यमिक विद्यालय, रोयल एकेडेमी, साउथ जोन माध्यमिक विद्यालय, एसआर ग्यालेक्सी, नवदीप एकेडेमी सहित कई विद्यालय के विद्यार्थी शामिल रहलें।
प्याब्सन पर्सा के सचिव अशोक संग्रौला के मुताबिक विद्यार्थी लोग के कक्षा आ क्षमता के आधार पर प्रतियोगिता के चार गो समूह में बाँटल गइल रहे। जवना में कक्षा १ से ३, कक्षा ४ से ५, कक्षा ६ से ८ आ कक्षा ९ से १० तक के विद्यार्थी लोग के अलग-अलग समूह में रख के प्रतिस्पर्धा करावल गइल।
प्रतियोगिता के हर समूह में पहिला से पाँचवाँ स्थान हासिल करे वाला विद्यार्थी लोग के ट्रफी, मेडल आ प्रमाणपत्र देके सम्मानित कइल जाई, आयोजक संस्था जनवले बा। ‘प्याब्सन क्रिएटिभ स्ट्रोक्स–२०८३’ के तहत होखे वाला एगो अउरी विधा चित्रकला प्रतियोगिता अतवार के आयोजित होखे वाला बा। एह बारे में प्याब्सन महानगर के सचिव अमित आलोक जानकारी देले।
कार्यक्रम में प्याब्सन पर्सा के अध्यक्ष सरोज चौधरी कहनी कि निजी विद्यालय सभ गुणवत्तापूर्ण शिक्षा के साथे विद्यार्थी लोग के भीतर छिपल प्रतिभा के पहिचान, उजागर आ विकास करे के काम के भी प्राथमिकता देत आइल बा। उहाँके विश्वास रहे कि अइसन रचनात्मक गतिविधि से विद्यार्थी लोग के प्रतिभा सामने आई आ समाज में आपन पहचान बनावे के साथे जीवन में आगे बढ़े के प्रेरणा मिली।
ओही तरे प्याब्सन महानगर के अध्यक्ष राहुल श्रीवास्तव कहनी कि एह प्रतियोगिता से विद्यार्थी लोग के आपन कल्पनाशक्ति, रचनात्मकता आ कलात्मक क्षमता देखावे के महत्वपूर्ण अवसर मिलल बा। चित्रकला से कल्पनाशक्ति आ रचनात्मक सोच के विकास होला, जबकि हस्तलेखन प्रतियोगिता से अक्षर के साफ, सुन्दर आ व्यवस्थित तरीका से लिखे के आदत विकसित करे में मदद मिलेला।
शिक्षा के खाली पाठ्यपुस्तक तक सीमित ना रख के विद्यार्थी लोग के सर्वांगीण विकास पर जोर देवे के उद्देश्य से प्याब्सन अइसन रचनात्मक कार्यक्रम लगातार आयोजित करत आइल बा, आयोजक संस्था जनवले बा। अइसन प्रतियोगिता से विद्यार्थी लोग में आत्मविश्वास, स्वस्थ प्रतिस्पर्धा के भावना आ आपन प्रतिभा प्रस्तुत करे के अवसर मिले के उम्मीद कइल गइल बा।
रोयल एकेडेमी स्कूल के प्रांगण में सम्पन्न कार्यक्रम में प्याब्सन पर्सा के अध्यक्ष सरोज चौधरी, वरिष्ठ उपाध्यक्ष सुशीला साह, उपाध्यक्ष शर्मानन्द कुशवाहा, प्याब्सन महानगर के अध्यक्ष राहुल श्रीवास्तव, रोयल एकेडेमी के प्रिन्सिपल विजया ओझैया, विजय मल्ल सहित अलग-अलग विद्यालय के शिक्षक आ शिक्षिका लोग के उपस्थिति रहल।

