वीरगञ्ज । २४ अक्टूबर से शुरू भइल पोलियो अंत सप्ताह (End Polio Week) के समापन के मौका पर अतवार के दिने वीरगञ्ज में भव्य जनचेतनामूलक रैली निकालल गइल। पोलियो रोग के पूरा उन्मूलन खातिर जनचेतना बढ़ावे आ विश्वव्यापी पोलियो उन्मूलन अभियान के समर्थन में ई रैली आयोजित कइल गइल रहे।
रोटरी क्लब अफ वीरगञ्ज आ रोटरी क्लब अफ वीरगञ्ज मेट्रोपोलिस के संयुक्त आयोजन में निकालल गइल ई रैली वीरगञ्ज के घंटाघर से शुरू होके सीमावर्ती भारतीय शहर रक्सौल स्थित मितेरी पुल तक पहुँचल रहे। रक्सौल पहुँचे पर भारत विकास परिषद के सदस्य लोग रैली में शामिल लोगन के स्वागत कइले। एह रैली से नेपाल आ भारत के सामाजिक संस्था के बीच सहयोग आ एकता के संदेश भी दिहल गइल।
रैली में रोटरी क्लब अफ वीरगञ्ज, रोटरी क्लब अफ वीरगञ्ज मेट्रोपोलिस, रोट्रैक्ट क्लब, इन्टरैक्ट क्लब आ इनर ह्वील के सदस्यन के उल्लेखनीय भागीदारी रहल। सहभागी लोग साइकिल, मोटरसाइकिल, स्कुटी आ चारपहिया गाड़ी के साथ रैली में शामिल भइल रहे। ऊ लोग पोलियो उन्मूलन से जुड़ल संदेश फैलावत आम नागरिकन से एह रोग के खिलाफ अभियान में सक्रिय भागीदारी निभावे के अपील कइल।
आयोजक लोग के कहनाम बा कि पोलियो रोग दुनिया के कई जगह से खतम हो रहल बा, बाकिर जब तक ई पूरा दुनिया से समाप्त ना हो जाई, तब तक एकर खतरा बनल रही। एहसे लगातार जनचेतना फैलावल जरूरी बा। खास क के बाल-बच्चन के पोलियो से सुरक्षित रखे खातिर नियमित टीकाकरण के महत्व के बारे में समुदाय के जानकारी दिहल आ पोलियो उन्मूलन अभियान के लगातार जारी रखल एह कार्यक्रम के मुख्य उद्देश्य रहल।
पोलियो अंत सप्ताह दुनिया भर में चल रहल पोलियो विरोधी अभियान के याद करावत एकर पूरा उन्मूलन खातिर सरकार, स्वास्थ्यकर्मी, सामाजिक संघ-संस्था आ आम नागरिक सभे के साझा प्रयास जरूरी होखे के संदेश दिहलस।
कार्यक्रम के अध्यक्षता रोटरी क्लब अफ वीरगञ्ज के अध्यक्ष रोटेरियन राकेश मिश्र आ रोटरी क्लब अफ वीरगञ्ज मेट्रोपोलिस के अध्यक्ष रोटेरियन राजकिशोर प्रसाद संयुक्त रूप से कइले रहनी।
आयोजक लोग पोलियो उन्मूलन के लक्ष्य हासिल होखे तक जनचेतनामूलक कार्यक्रम आ अभियान लगातार जारी रखे पर जोर देले बा।

