वीरगञ्ज । विद्यालय स्तर पर क्रिकेट प्रतिभा के पहचान आ खिलाड़ी लोग के आपन क्षमता देखावे के मौका देवे के मकसद से आयोजित ‘अक्षराम्भ कप २०८३’ के तहत आज भइल तीन गो मुकाबला में मनकामना माध्यमिक विद्यालय, विद्या सदन माध्यमिक विद्यालय आ सनलाइट माध्यमिक विद्यालय शानदार जीत हासिल कइले बाड़ें। आज के खेल में बेहतरीन बल्लेबाजी आ गेंदबाजी के प्रदर्शन के साथे कई गो व्यक्तिगत कीर्तिमान भी बनल। एह बीच लगातार बढ़िया प्रदर्शन करत विद्या सदन माध्यमिक विद्यालय क्वार्टरफाइनल में आपन जगह पक्का कर लिहले बा।
सनलाइट माध्यमिक विद्यालय, विद्या सदन माध्यमिक विद्यालय आ न्यू वेभ माध्यमिक विद्यालय के संयुक्त आयोजन में चल रहल प्रतियोगिता के पहिला मुकाबला माउन्ट मकालु आ मनकामना माध्यमिक विद्यालय के बीच भइल। एह खेल में मनकामना माध्यमिक विद्यालय ५० रन से जीत दर्ज कइलस। मनकामना के इम्ताज हवारी शानदार बल्लेबाजी करत ६१ रन बनवले। उनकर बेहतरीन प्रदर्शन के आधार पर उनका मैन अफ द मैच घोषित कइल गइल। एह उपलब्धि के साथे इम्ताज प्रतियोगिता के पहिला अर्धशतक बनावे वाला खिलाड़ी भी बन गइलें।
ओही तरह दूसरा मुकाबला में विद्या सदन माध्यमिक विद्यालय डीपीएस के ८६ रन के बड़ अंतर से हरा दिहलस। विद्या सदन के जाहिद अन्सारी शानदार ऑलराउन्ड प्रदर्शन करत ५८ रन बनावे के साथे ५ विकेट भी हासिल कइलें। बल्लेबाजी आ गेंदबाजी दुनु में प्रभावशाली प्रदर्शन खातिर उनका मैन अफ द मैच घोषित कइल गइल। एह जीत के साथे विद्या सदन प्रतियोगिता के क्वार्टरफाइनल में आपन जगह सुरक्षित कर लिहलस।
आज के तीसरा मुकाबला यानी मैच नम्बर १० में लिटिल फ्लावर आ सनलाइट माध्यमिक विद्यालय के बीच खेल भइल। एह मुकाबला में सनलाइट माध्यमिक विद्यालय १० विकेट से शानदार जीत हासिल कइलस। सनलाइट के फरान हवारी बेहतरीन गेंदबाजी करत ४ विकेट लिहलें। एह दौरान ऊ हैट्रिक भी पूरा कइलें। उनकर शानदार प्रदर्शन खातिर उनका मैन अफ द मैच घोषित कइल गइल।
आज के खेल के साथे प्रतियोगिता में कई गो महत्वपूर्ण व्यक्तिगत आ टीमगत कीर्तिमान भी बनल बा। मनकामना के इम्ताज हवारी प्रतियोगिता के पहिला अर्धशतक बनावे वाला खिलाड़ी बनलें। ओहिजा विद्या सदन के जाहिद अन्सारी ५८ रन बनावे के साथे एके मुकाबला में ५ विकेट लेवे के उपलब्धि हासिल कइलें। ओही तरह सनलाइट के फरान हवारी हैट्रिक लेके शानदार गेंदबाजी के प्रदर्शन कइलें।
प्रतियोगिता में अब तक विद्या सदन माध्यमिक विद्यालय एके पारी में १५० रन बनाके सबसे अधिक रन बनावे के कीर्तिमान अपना नाम कइले बा। आज के जीत के साथे विद्या सदन क्वार्टरफाइनल में पहुँच गइल बा। एहसे प्रतियोगिता के अगिला चरण अउरी रोमांचक होखे के उम्मीद बा।
काल्ह तीन गो मुकाबला होई
आयोजक के मुताबिक प्रतियोगिता के तहत काल्ह कार्तिक १९ गते मैच नम्बर ११, १२ आ १३ के मुकाबला खेलल जाई।
काल्ह के खेल में मैच नम्बर ११ में मिनी ल्यान्ड सेकेन्डरी स्कूल आ पीस जोन सेकेन्डरी स्कूल के बीच मुकाबला होई। मैच नम्बर १२ में कादम्बरी एकेडेमी आ जीएसपी सेकेन्डरी स्कूल आमने-सामने होइहें। ओही तरह मैच नम्बर १३ में ज्ञानोदय सेकेन्डरी स्कूल आ ओम नेशनल सेकेन्डरी स्कूल के बीच खेल होई।
विद्यालय स्तर पर छिपल क्रिकेट प्रतिभा के पहचान, खेलकूद के प्रति रुचि बढ़ावे आ विद्यार्थी लोग के आपन प्रतिभा देखावे के अवसर देवे के उद्देश्य से आयोजित अक्षराम्भ कप के ओर अब दर्शक आ खेलप्रेमी लोग के ध्यान लगातार बढ़ रहल बा। आगामी मुकाबला के साथे क्वार्टरफाइनल में पहुँचे खातिर विद्यालय लोग के बीच प्रतिस्पर्धा अउरी रोचक होखे के उम्मीद बा।
ई प्रतियोगिता सनलाइट माध्यमिक विद्यालय, विद्या सदन माध्यमिक विद्यालय आ न्यू वेभ माध्यमिक विद्यालय के संयुक्त आयोजन में संचालित हो रहल बा।

