• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

पर्सा–१ में चुनावी सरगर्मी तेज: रास्वपा उमेदवार हरि पंत के प्रचार अभियान जोर पकड़ल

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ फाल्गुन १६ गते
A A
पर्सा–१ में चुनावी सरगर्मी तेज: रास्वपा उमेदवार हरि पंत के प्रचार अभियान जोर पकड़ल

प्रतिनिधि सभा चुनाव नजदीक आवत जात पर्सा क्षेत्र नंबर–१ में चुनावी हलचल तेज हो गइल बा। एह बीच राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के उमेदवार हरि पंत आपन प्रचार अभियान अउरी तेज क देले बाड़न।

वीरगञ्ज महानगरपालिका के हरपतगंज में भइल कोन सभा में पंत मतदाता लोग के सामने आपन चुनावी एजेंडा राखत पुरान राजनीतिक दलन प सवाल उठवले। महेश यादव के अध्यक्षता में भइल एह सभा में ऊ कहले कि बीतल सरकार लोग जनता के उम्मीद पर खरा ना उतर पवलस।

“पुरान राजनीतिक ढंग से देश के सही विकास संभव नइखे,” पंत कहले, “नया सोच, साफ विजन आ जनता के जवाबदेह नेतृत्व जरूरी बा। रास्वपा एह खातिर चुनाव मैदान में उतरल बा।”

ऊ मतदाता लोग से अपील कइलन कि एह बेर वोट बदल के देश में ठोस बदलाव के आधार तैयार कइल जाव। “जनता के उम्मीद अनुसार काम करे के प्रतिबद्धता के साथ हमनी आगे बढ़त बानी,” ऊ दोहरवले।

सभा में बोलत स्थानीय वक्ता लोग कहले कि एह बेर घँटी छाप पर मुहर लगा के पंत के विजयी बनावल जाई। ऊ लोग दावा कइलस कि क्षेत्रीय विकास, रोजगार सृजन आ सुशासन खातिर पंत सही विकल्प बाड़न।

एही तरह वीरगञ्ज महानगरपालिका वडा नम्बर–२२ जगरनाथपुर में भी रास्वपा के कोन सभा भइलबा। पार्टी संयोजक युवराज पटेल के अध्यक्षता में भइल एह कार्यक्रम में जिला सभापति आ उमेदवार हरि पंत मुख्य अतिथि रहले।

पंत घँटी छाप पर वोट देवे के अपील करत कहले कि पुरान दलन के नीति से युवा लोग विदेश जाए पर मजबूर भइल बा। ऊ दावा कइलन कि रास्वपा के जीत से ही औद्योगिक पुनर्जागरण संभव बा।

“वीरगंज के पुरान चीनी मिल आ दोसरा बंद पड़ल उद्योग फेर से चालू करे के साफ योजना हमनी लगे बा,” ऊ कहले। कार्यक्रम में सगीर अंसारी, शिवजी ठाकुर, आनंद शास, भगवान गिरी, नंदु कुर्मी, उपेंद्र पटेल जइसन युवा लोग के सक्रिय भागीदारी रहल।

ओही क्रम में शुक के सबेरे वीरगञ्ज महानगरपालिका वडा नम्बर–१५ भेडिआही में पंत घर-घर जा के जनसंपर्क अभियान चलवले। एह दौरान स्थानीय लोग आश्वासन दिहलस कि एह बेर पंत के संसद तक पहुँचावे में पूरा साथ देहल जाई।

कार्यक्रम के दौरान नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एमाले) के कुछ कार्यकर्ता लोग से हल्का तनाव के स्थिति बनल, बाकिर पार्टी नेता लोग के समझदारी आ सुरक्षाकर्मी के तत्परता से मामला शांत हो गइल।

चुनाव नजदीक आवत देख पंत आपन अभियान अउरी असरदार बनावे के बात कहले बाड़न। ऊ घर-घर संपर्क, मोहल्ला सभा आ युवा केंद्रित बातचीत के जरिए मतदाता से सीधा संवाद बढ़ावे के रणनीति बनवले बाड़न।

पर्सा–१ में पुरान दल आ नया ताकत के बीच मुकाबला रोचक होत जा रहल बा। एह हालात में हरि पंत के सक्रियता रास्वपा के अभियान के नया रफ्तार दे रहल बा। अब देखे के बा कि मतदाता का फैसला लेत बाड़ें, काहे कि उहे क्षेत्र के राजनीतिक भविष्य तय करी।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............