• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

रोटरी क्लब वीरगञ्ज द्वारा १०० धांगड़ परिवार के बीच दीपावली सामग्री वितरण, दिव्यांग व्यक्ति के ह्वीलचेयर सहयोग

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
November 4, 2026
A A
रोटरी क्लब वीरगञ्ज द्वारा १०० धांगड़ परिवार के बीच दीपावली सामग्री वितरण, दिव्यांग व्यक्ति के ह्वीलचेयर सहयोग
2
SHARES
10
VIEWS
Share on FacebookShare on Twitter

वीरगञ्ज। रोटरी क्लब ऑफ वीरगञ्ज द्वारा दीपावली के अवसर पर पर्सा के सुखुवापर्सौनी गाउँपालिका स्थित सिद्धपुर गाँव के १०० धांगड़ परिवार के बीच दीपावली के सामग्री वितरण कइल गइल बा। क्लब द्वारा ‘दीपावली जॉय सेलिब्रेशन’ कार्यक्रम के आयोजन करके आर्थिक आ सामाजिक रूप से पिछड़ल समुदाय के लोग के साथे पर्व के खुशी बाँटल गइल।
कार्यक्रम के तहत परिवार के लोग के चावल, गेहूँ, खाने के तेल, चीनी, दिया, बत्ती सहित खाद्य सामग्री आ पूजा के सामान वितरण कइल गइल। सभे समुदाय तक पर्व के खुशी पहुँचावे आ सीमान्तकृत परिवार के सहयोग करे के उद्देश्य से ई कार्यक्रम आयोजित कइल गइल, क्लब जनवले बा।
एहिसे साथे क्लब द्वारा सुखुवापर्सौनी गाउँपालिका स्थित औराहा निवासी मुकेश महतो के रोजमर्रा के आवागमन आसान बनावे खातिर ह्वीलचेयर प्रदान कइल गइल।
कार्यक्रम में क्लब के अध्यक्ष रोटेरियन राकेश मिश्र, अध्यक्ष निर्वाचित रोटेरियन दीनदयाल केडिया, सचिव रोटेरियन श्वेता गुप्ता, रोटेरियन कल्पना भगत, डा. प्रेरणा झा आ राजेन्द्र चौधरी सहित अन्य लोग के उपस्थिति रहल।
रोटरी के मूल मंत्र ‘स्वार्थ से ऊपर सेवा’ के भावना के आत्मसात करत क्लब सामाजिक आ मानवीय सेवा के विभिन्न कार्यक्रम चलावत आ रहल बा। दीपावली के अवसर पर आयोजित एह कार्यक्रम से सामाजिक सद्भाव, समावेशिता आ मानवीय सहयोग के संदेश दिहल गइल।
उक्त ह्वीलचेयर रोटेरियन निर्मल खत्री अपना ओर से सहयोग कइले रहलें।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............