• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

चुनाव के मद्देनजर पर्सा में भारत से जुड़ल सभे सीमा नाका २–५ मार्च तक बंद

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ फाल्गुन १६ गते
A A
चुनाव के मद्देनजर पर्सा में भारत से जुड़ल सभे सीमा नाका २–५ मार्च तक बंद

प्रतिनिधि सभा चुनाव के ध्यान में रखत पर्सा जिला में भारत से जुड़ल सभे सीमा नाका बंद कइल जाए के फैसला भइल बा।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा आज एगो सूचना जारी करत बतवलस कि तय समय तक सभे भारतीय सीमा नाका पूरा तरह से बंद रही।

प्रशासन के मुताबिक फागुन १८ गते (२ मार्च २०२६) सोमवार रात १२ बजे से लेके फागुन २१ गते (५ मार्च २०२६) बियफे रात १२ बजे तक जिला के भारत से जुड़ल सभे नाका बंद रही।

प्रशासन बतवलस कि चुनाव के स्वच्छ, निष्पक्ष आ भयरहित माहौल में पूरा करे खातिर सुरक्षा संवेदनशीलता के ध्यान में रखत ई फैसला लिहल गइल बा। ई आदेश निर्वाचन आयोग आ गृह मन्त्रालय के निर्देशन, साथ ही जिला सुरक्षा समिति के निर्णय के आधार पर जारी कइल गइल बा।

का-का पर रोक रही?

प्रशासन के अनुसार तय अवधि में जरूरी सेवा छोड़के सीमा पार आवागमन पूरा तरह से बंद रही।

एह बीच होली जइसन सामाजिक पर्व मनावे पर भी कड़ाई कइल गइल बा।

सार्वजनिक जगह पर भीड़-भाड़, जुलूस, रैली, हो-हल्ला, शराब पीके अशांति फैलावे के गतिविधि आ मोटरसाइकिल से होली मनावे पर रोक लगा दिहल गइल बा।

एही तरह चुनाव के मौन अवधि में कवनो राजनीतिक दल या उमेदवार के प्रचार-प्रसार, झंडा-बैनर देखावल, डीजे बजावल आ ध्वनि प्रदूषण करे वाला गतिविधि भी सख्त मना बा।

आदेश के उल्लंघन करे वाला पर प्रचलित कानून अनुसार कार्रवाई होई। प्रशासन सभे संबंधित पक्ष से आचार संहिता के पालन करे के अपील कइले बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............