वीरगंज। वीरगंज महानगरपालिका के मेयर पद के प्रत्याशी आ राष्ट्रीय स्वतंत्र पार्टी (रास्वपा) के महाधिवेशन प्रतिनिधि सुधीर पटेल जनता से सीधा भेंटघाट, बातचीत आ अन्तरक्रिया के कार्यक्रम के लगातार आगे बढ़ावत बाड़ें।
एही क्रम में आज वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं. २७ स्थित कुहड़ी में पटेल स्थानीय जनसमुदाय से भेंटघाट आ बातचीत कइले। दीपावरी आ छठ पर्व के अवसर पर स्थानीय लोगन के पर्व के हार्दिक शुभकामना देत ऊ लोगन के समस्या, शिकायत, जरूरत आ सुझाव के बारे में विस्तार से चर्चा कइले।
भेंटघाट के दौरान स्थानीय निवासी अपना टोला आ वार्ड में रहल अलग-अलग समस्या आ विकास निर्माण से जुड़ल मुद्दा उठवले। पटेल स्थानीय लोगन के शिकायत आ सुझाव के गंभीरता से सुनत जनता के वास्तविक जरूरत आ अपेक्षा के समझे के प्रयास कइले।
पटेल कहले कि जनता से सीधा भेंटघाट आ बातचीत स्थानीय समस्या के पहिचान करे के एगो महत्वपूर्ण माध्यम ह। उहाँ ईहो कहनी कि जनता के आवाज, सुझाव आ अपेक्षा के प्राथमिकता देवे के चाहीं।
उहाँ विश्वास जतवनी कि चाड-पर्व से समाज में आपसी सद्भाव, एकता, भाईचारा आ सामाजिक संबंध अउरी मजबूत होला। साथही दीपावरी आ छठ पर्व सभे के जीवन में सुख, शान्ति, समृद्धि आ सकारात्मक ऊर्जा ले आवे, अइसन शुभकामना दिहनी।
स्थानीय स्तर पर जनता से लगातार संवाद करके उनकर समस्या आ सुझाव संकलन करे के उद्देश्य से अपना भेंटघाट कार्यक्रम के निरंतरता देत आइल बानी, पटेल बतवनी।
स्थानीय जनसमुदाय से एह तरह के सीधा भेंटघाट से जनप्रतिनिधि आ नागरिक के बीच के संबंध अउरी मजबूत होखे के साथे स्थानीय जरूरत आ विकास से जुड़ल मुद्दा के नजदीक से समझे में मदद मिली, अइसन विश्वास कइल गइल बा।

