काठमाडौं। रूस- अमेरिका आ इजरायल से इरान पर जारी हमला तुरत बंद करे के अपील कइले बा।
रूस के विदेश मंत्रालय वक्तव्य जारी करके दुनु देश से इरान पर हमला तुरंत रोकेला कहलस।
उ लोग कहलस कि स्थिति के राजनीतिक आ कूटनीतिक समाधान के राह पर लावे के जरूरत बा।
वक्तव्य में कहल गइल बा कि अंतरराष्ट्रीय समुदाय के ई जिम्मेदारी बा कि ऊ लोग अस्थिरता बढ़ावे वाला गैर-जिम्मेदाराना काम के सही-सही मूल्यांकन जल्दी से जल्दी पेश कराेलोग। अलजजीरा ई बात बतवले बा।
रूस फेर कहलस कि ऊ अंतरराष्ट्रीय कानून, आपसी सम्मान आ स्वार्थ के संतुलन पर आधारित शांतिपूर्ण समाधान खोजे में मदद करे खातिर तैयार बा।

