वीरगंज – जिला प्रशासन कार्यालय आसन्न प्रतिनिधि सभा चुनाव के ध्यान में रखत सोमर आधी रात से भारत से जुड़ल अंतरराष्ट्रीय सीमा नाका 72 घंटा खातिर बंद क देले बा।
पर्सा के सहायक प्रमुख जिला अधिकारी विनोदकुमार पोखरेल बतवले कि पर्सा जिला से सटल भारत के बिहार राज्य के पूर्वी चम्पारण आ पश्चिमी चम्पारण जिला के सीमा नाका चुनाव के सुरक्षा के नजर में रखत बंद कइल गइल बा।
उ कहले, “फागुन 18 गते रात 12:00 बजे से फागुन 21 गते रात 12:00 बजे ले सीमा नाका बंद करे के निर्णय भइल बा। चुनाव के समय दुनो देश 72 घंटा सीमा बंद करे के परंपरा रहल बा।”
सहायक प्रजिअ पोखरेल फागुन 19 गते तराई–मधेस में मनावल जाए वाला होली पर्व शांति आ चुनाव–मैत्री ढंग से मनावे के अपील कइले बाड़न।
उ कहले, “होली के मौका पर सार्वजनिक जगह पर भीड़–भाड़ करे, हो–हल्ला मचावे, जबरदस्ती रंग डाले, शराब पीके सामाजिक सद्भाव बिगाड़े वाला काम मत करीं।”
साथ ही उ इहो बतवले कि कवनो राजनीतिक दल या उम्मीदवार के झंडा या चुनाव चिन्ह वाला कपड़ा पहन के होली मनावल भी मना बा।
होली के समय मोटरसाइकिल दुर्घटना बढ़े के चलते फागुन 20 गते मोटरसाइकिल चला के होली मनावे पर रोक लगावल गइल बा।
फागुन 19 गते से चुनाव परिणाम घोषणा होखे तक जिला भर में कवनो राजनीतिक दल के प्रचार–प्रसार, सभा–जुलूस, धार्मिक, सांस्कृतिक आ सामाजिक कार्यक्रम में डीजे आ अन्य तेज आवाज वाला बाजा बजावे पर भी प्रशासन रोक लगा देले बा।

