काठमांडू –आजो सोना के भाव में बढ़ोतरी भइल बा। नेपाल सुनचाँदी व्यवसायी महासंघ के अनुसार, आज सोना प्रति तोला 2 हजार 5 सय रुपया बढ़ के ३ लाख २८ हजार ६ सय रुपया पर कारोबार होत बा।
काल्हु सोना के दाम प्रति तोला ३ लाख २६ हजार १ सय रुपया रहल। काल्हु एके दिन में सोना के भाव ५ हजार ५ सय रुपया बढ़ल रहल।
ओहिजे आज चाँदी के दाम घटल बा। चाँदी प्रति तोला २ सय ५ रुपया घट के आज ५ हजार ८ सय १५ रुपया तय भइल बा। काल्हु चाँदी के दाम प्रति तोला ६ हजार २० रुपया रहल।

