प्रतिनिधि सभा चुनाव के तहत पर्सा क्षेत्र नंबर–१ में मतगणना जारी बा। मतगणना चलत समय राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के उम्मीदवार हरि पन्त आगे चल रहल बाड़े आ ऊ आपन बढ़त कायम रखले बाड़े।
पर्सा–१ के ताजा मतपरिणाम अनुसार हरि पन्त २,२५१ मत हासिल कइले बाड़े। उनका सबसे नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी नेकपा (एमाले) के उम्मीदवार आ पूर्वमंत्री प्रदीप यादव १,२१८ मत पवले बाड़े। ओही तरह नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार अनिल रुङटा १,००१ मत हासिल कइले बाड़े।
मतगणना केन्द्र से मिलल जानकारी अनुसार अलग–अलग मतदान केन्द्र से आवत मत के गिनती लगातार जारी बा। मतगणना स्थल पर सुरक्षा व्यवस्था कड़ा कर दिहल गइल बा। निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय बतवलस कि मतगणना प्रक्रिया पारदर्शी आ व्यवस्थित तरीका से चलावल जा रहल बा।
निर्वाचन अधिकृत के अनुसार मतगणना अभी जारी बा, एहसे अंतिम नतीजा आवे में कुछ समय लाग सकेला। अलग–अलग राजनीतिक दल के प्रतिनिधि आ पर्यवेक्षक लोग के मौजूदगी में मतगणना हो रहल बा।
एहसे पहिले २०७९ में भइल प्रतिनिधि सभा चुनाव में पर्सा क्षेत्र नंबर–१ से जनता समाजवादी पार्टी, नेपाल के उम्मीदवार प्रदीप यादव २२,५३७ मत के साथ जीत हासिल कइले रहन। ऊ अपना नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी स्वतन्त्र उम्मीदवार अजयकुमार द्विवेदी के १,६२० मत से हरवले रहन। द्विवेदी ओह चुनाव में २०,९१७ मत पवले रहन।
एह बेर के चुनाव में अलग–अलग राजनीतिक दल के उम्मीदवार लोग के बीच कड़ा मुकाबला देखे के मिल रहल बा। शुरुआती नतीजा में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के उम्मीदवार हरि पन्त के बढ़त से पर्सा–१ के राजनीतिक समीकरण बदल सकेला, अइसन अनुमान लगावल जा रहल बा। मतगणना अभी जारी बा, एहसे अंतिम नतीजा के इंतजार में मतदाता लोग के चासो बढ़ल बा।

