प्रतिनिधि सभा चुनाव के तहत पर्सा क्षेत्र नंबर ४ में मतगणना जारी बा। अबहीं तक के शुरुआती नतीजा में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के उम्मीदवार टेकबहादुर साक्य सबसे आगे चल रहल बाड़े। शुरुआती मतगणना से एह क्षेत्र में उम्मीदवार लोग के बीच कड़ा मुकाबला देखे के मिल रहल बा।
पर्सा–४ के ताजा मतपरिणाम अनुसार टेकबहादुर साक्य १,४०० मत हासिल कइले बाड़े। उहे उनका सबसे नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार आ पूर्वमंत्री रमेश रिजाल ६०० मत पवले बाड़े। ओही तरह नेकपा (एमाले) के उम्मीदवार जालिम मियाँ ३५१ मत हासिल कइले बाड़े।
मतगणना केन्द्र से मिलल जानकारी अनुसार अलग–अलग मतदान केन्द्र से आवत मत के गिनती लगातार जारी बा। मतगणना स्थल पर सुरक्षा व्यवस्था कड़ा कर दिहल गइल बा। निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय बतवलस कि मतगणना प्रक्रिया पारदर्शी आ व्यवस्थित तरीका से चलावल जा रहल बा।
निर्वाचन अधिकृत के अनुसार मतगणना अभी शुरुआती चरण में बा, एहसे अंतिम नतीजा आवे में कुछ समय लाग सकेला। अलग–अलग राजनीतिक दल के प्रतिनिधि आ पर्यवेक्षक लोग के मौजूदगी में मतगणना हो रहल बा।
एहसे पहिले २०७९ में भइल प्रतिनिधि सभा चुनाव में पर्सा क्षेत्र नंबर ४ से नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार रमेश रिजाल ३१,१४२ मत के साथ जीत हासिल कइले रहन। ऊ अपना नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी नेकपा (एमाले) के उम्मीदवार जालिम मियाँ मन्सुरी के ५,५२३ मत से हरवले रहन। मन्सुरी ओह चुनाव में २५,६१९ मत पवले रहन।

