प्रतिनिधि सभा चुनाव के तहत पर्सा जिला के चारों निर्वाचन क्षेत्र में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के उम्मीदवार लोग शुरुआती मतगणना में आगे चल रहल बाड़े। शुरुआती नतीजा से एह क्षेत्र में कड़ा राजनीतिक मुकाबला देखे के मिल रहल बा।
पर्सा क्षेत्र नंबर–१ में रास्वपा के बुद्धिबहादुर पन्त २,२५१ मत के साथ आगे बाड़े। उनका सबसे नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी नेकपा (एमाले) के प्रदीप यादव १,२०८ मत पवले बाड़े, जबकि नेपाली कांग्रेस के अनिल रुंगटा १,००१ मत हासिल कइले बाड़े।
पर्सा क्षेत्र नंबर–२ में रास्वपा के सुशील साह कानु ३,७०९ मत पाकर अग्रस्थान पर बाड़े। उनका मुकाबला में नेकपा (एमाले) के रिमाकुमारी यादव १,७८७ मत पवले बाड़ी, जबकि नेपाली कांग्रेस के अजय चौरसिया १,५५८ मत हासिल कइले बाड़े।
पर्सा क्षेत्र नंबर–३ में भी रास्वपा के रामाकान्त चौरसिया २,०३० मत के साथ आगे बाड़े। नेपाली कांग्रेस के सुरेन्द्र चौधरी १,०८८ मत के साथ दूसरा स्थान पर बाड़े, जबकि नेकपा (एमाले) के रुपेश पाण्डेय ४८९ मत पवले बाड़े।
ओही तरह पर्सा क्षेत्र नंबर–४ में रास्वपा के टेकबहादुर शाक्य ५७५ मत पाकर अग्रस्थान में बाड़े। नेकपा (एमाले) के जालिम मियाँ मंसुरी २३३ मत हासिल कइले बाड़े, जबकि नेपाली कांग्रेस के पूर्वमंत्री रमेश रिजाल १७४ मत पवले बाड़े।
निर्वाचन अधिकृत बतवले बाड़े कि मतगणना अभी जारी बा आ अंतिम नतीजा आवे में कुछ समय लाग सकेला। शुरुआती मतगणना से पर्सा जिला में रास्वपा के उम्मीदवार लोग के राजनीतिक बढ़त साफ देखाई दे रहल बा। विश्लेषक लोग के मुताबिक मतदाता लोग में नया राजनीतिक झुकाव भी देखे के मिल रहल बा।

