• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

बारा के चारों निर्वाचन क्षेत्र में रास्वपा के उम्मीदवार आगे

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ फाल्गुन २२ गते
A A

प्रतिनिधि सभा सदस्य चुनाव के तहत जारी मतगणना में बारा जिला के चारों निर्वाचन क्षेत्र में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के उम्मीदवार लोग आगे चल रहल बाड़े।

निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय से मिलल जानकारी अनुसार बारा निर्वाचन क्षेत्र नंबर–१ में रास्वपा के उम्मीदवार गणेश धिमाल अबहीं तक ७,८२३ मत हासिल करके बढ़त बनवले बाड़े। उनका बाद नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार शम्भु बहादुर बुढाथोकी २,४४३ मत पवले बाड़े, जबकि नेकपा (एमाले) के उम्मीदवार अच्युत मैनाली १,६७३ मत हासिल कइले बाड़े।

ओही तरह क्षेत्र नंबर–२ में रास्वपा के उम्मीदवार चन्दन कुमार सिंह ७३२ मत के साथ आगे बाड़े। नेकपा (एमाले) के उम्मीदवार बलबीर चौधरी ५९० मत पवले बाड़े, जबकि जनता समाजवादी पार्टी, नेपाल के उम्मीदवार रामकिशोर यादव ४२५ मत हासिल कइले बाड़े।

क्षेत्र नंबर–३ में रास्वपा के उम्मीदवार अरविन्द साह ११,६४० मत के साथ अग्रस्थान में बाड़े। जनता समाजवादी पार्टी, नेपाल के उम्मीदवार रामबाबु कुमार यादव १,०१८ मत पवले बाड़े, जबकि नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार फरमुल्लाह मंसुर २,५९८ मत हासिल कइले बाड़े।

एहिजा क्षेत्र नंबर–४ में रास्वपा के उम्मीदवार रहबर अन्सारी ४,८७३ मत पाकर आगे चल रहल बाड़े। नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार श्यामबाबु गुप्ता ७९० मत हासिल कइले बाड़े, जबकि नेकपा (एमाले) के उम्मीदवार किसान श्रेष्ठ ७४१ मत पवले बाड़े।

बारा जिला के चारों निर्वाचन क्षेत्र में अलग–अलग राजनीतिक दल के ६३ उम्मीदवार आ ४७ स्वतन्त्र उम्मीदवार मिलाकर कुल ११० जना चुनावी मैदान में बाड़े। चुनाव में जिला भर में करीब ७० प्रतिशत मत पड़ल बतावल गइल बा। फिलहाल सब क्षेत्र में मतगणना के काम जारी बा।

 

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............