प्रतिनिधि सभा चुनाव के समानुपातिक तर्फ के मतगणना में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) शुरुआती बढ़त बनवले बा। अबहीं तक १९,७२८ मत गिनल गइल बा, जेमे रास्वपा ११,५६२ मत पवले बा।
दूसरा स्थान पर नेपाली कांग्रेस ३,६६४ मत के साथ बा। तीसरा स्थान पर राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी (राप्रपा) १,७५२ मत पवले बा।
नेकपा (एमाले) १,१५२ मत हासिल कइले बा। श्रम संस्कृति पार्टी ४४१ मत पवले बा, जबकि नेपाली कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) ३९२ मत के साथ पीछे बा।

