बारा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर ४ में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी के उम्मीदवार रहवर अंसारी जीत हासिल कइले बाड़ें। ऊ अपना नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी नेकपा एमाले के उम्मीदवार किसान श्रेष्ठ के पीछे छोड़ के जीत दर्ज कइले बाड़ें।
निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय के अनुसार, अंसारी ४१,२०० मत पाकर जीत हासिल कइले बाड़ें। उनका प्रतिद्वन्द्वी नेकपा एमाले के किसान श्रेष्ठ ११,६३९ मत पइले बाड़ें।
एहिसे अलग नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार श्यामबाबु गुप्ता ७,१२३ मत पइले बाड़ें। जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) नेपाल के उम्मीदवार सन्जु साह ७,६२५ मत हासिल कइले बाड़ें, जबकि नेपाली कम्युनिष्ट पार्टी के उम्मीदवार अजय कुशवाहा २,०६७ मत पइले बाड़ें।
एह निर्वाचन क्षेत्र में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी उल्लेखनीय मतान्तर से जीत हासिल कइले बा, एह बात के जानकारी निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय से देहल गइल बा।

