महोत्तरी निर्वाचन क्षेत्र नं. १ में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के उम्मीदवार प्रमोद कुमार महतो २२ हजार से जादे मत के अंतर से विजयी भइले बाड़ें।
निर्वाचन के अंतिम परिणाम अनुसार, महतो ३४,६३६ मत पाके जीत हासिल कइले बाड़ें। उनका नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी नेपाली कम्युनिस्ट पार्टी के उम्मीदवार गिरिराजमणि पोखरेल १२,६२४ मत पइले बाड़ें।
पूर्व मंत्री रह चुकल पोखरेल के २२,०१२ मत के अंतर से हरावत रास्वपा के महतो निर्वाचित भइले बाड़ें।
एहिसे अलग नेकपा एमाले के उम्मीदवार लक्ष्मी महतो कोइरी ६,५९१ मत हासिल कइले बाड़ें, जबकि नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार मुकेशराज काफ्ले ६,२१३ मत पइले बाड़ें।

