निर्वाचन के ताजा नतीजा ए समय राजनीति में नया आ रोचक मोड़ ले आइल बा।
बिअफे के भइल प्रतिनिधि सभा चुनाव के प्रारम्भिक परिणाम सामने आवतहीं काठमांडू सहित पूरा देश में घण्टी के तेज लहर देखे के मिल रहल बा। शनिचर बिहानिया करीब १०:४५ बजे तक ४० निर्वाचन क्षेत्र के अंतिम परिणाम आ चुकल बा, जवना में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) आश्चर्यजनक रूप से ३० सीट जीत चुकल बा। साथे-साथ पार्टी ८७ क्षेत्र में अभी भी बढ़त बनवले जीत के ओर बढ़त दिख रहल बा।
दूसर तरफ देश के पुरान आ स्थापित दल लोग खातिर ई परिणाम काफी दबाव वाला बन गइल बा। नेपाली कांग्रेस अभी तक ५ सीट जीत के १० क्षेत्र में बढ़त बनवले बा, जबकि नेकपा एमाले सिर्फ २ सीट जीत के १० क्षेत्र में आगे चलत बा। ओही तरह नेकपा २ सीट जीतल बा आ ९ क्षेत्र में बढ़त बनवले बा।
एह कड़ा राजनीतिक मुकाबला में १ स्वतंत्र उम्मीदवार जीत हासिल कर चुकल बाड़ें, जबकि ६ स्वतंत्र उम्मीदवार अभी भी चुनावी दौड़ में आगे देखाई देत बाड़ें।
१६५ प्रत्यक्ष सीट आ ११० समानुपातिक सीट वाला एह चुनावी महासंग्राम में रास्वपा के बढ़त प्रभाव पारंपरिक राजनीतिक समीकरण के खुला चुनौती देत साफ नजर आवत बा।

