मधेस प्रदेश के राजनीतिक केन्द्र मानल जाए वाला पर्सा क्षेत्र नंबर ३ में राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) शानदार जीत दर्ज कइले बा। आखिरी मतपरिणाम अनुसार रास्वपा के उम्मीदवार रामाकान्त प्रसाद चौरसिया भारी मतान्तर से प्रतिनिधि सभा सदस्य चुनाइल बाड़ें।
चौरसिया आपन नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी नेपाली कांग्रेस के हेभिवेट उम्मीदवार सुरेन्द्र प्रसाद चौधरी के १३ हजार ३ सय १३ मत के बड़ा अंतर से हरवले बाड़ें। निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय से जारी आंकड़ा अनुसार चौरसिया २९ हजार ६ सय ७९ मत हासिल कइले, जबकि कांग्रेस के चौधरी १६ हजार ३ सय ६६ मत पर ही सिमट गइले।
चुनाव में मुख्य रूप से तीन राजनीतिक ताकत के बीच मुकाबला देखल गइल, लेकिन रामाकान्त शुरुआत से ही बढ़त बनवले रखले रहलें। एह क्षेत्र में नेकपा एमाले के उम्मीदवार रुपेश कुमार पाण्डेय तीसरा स्थान पर सिमट गइले। पाण्डेय के कुल ११ हजार ९ सय १४ मत मिलल।

