• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

बालेन्द्र शाह के नेतृत्व में नया सरकार बनी — सोविता गौतम के दाबी

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ फाल्गुन २४ गते
A A
बालेन्द्र शाह के नेतृत्व में नया सरकार बनी — सोविता गौतम के दाबी

# बालेन्द्र शाह के नेतृत्व में नया सरकार बनी — सोविता गौतम के दाव
२३ फागुन, चितवन। चितवन क्षेत्र नंबर ३ से निर्वाचित राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के नेतृ सोविता गौतम दावा कइली कि अगिला सरकार बालेन्द्र शाह (बालेन) के नेतृत्व में बनी।
निर्वाचित प्रमाणपत्र मिलला के बाद पत्रकारन से बातचीत करत गौतम कहलिन कि पार्टी चुनाव से पहिले ही बालेन के प्रधानमंत्री के उम्मीदवार के रूप में पेश कइले रहल, एहसे अब ऊहे प्रधानमंत्री बनिहें।
गौतम रास्वपा पर नेपाली जनता के विश्वास के काम में बदलल के प्रतिबद्धता भी जतइली। ऊ कहलिन, “जनता आखिरी उम्मीद के रूप में रास्वपा पर भरोसा कइले बाड़ी, एह भरोसा के हमनी गंभीरता से लेके आगे बढ़ब।”
चुनाव में गौतम ५९ हजार २७७ मत हासिल करके शानदार जीत दर्ज कइली, जवन अब तक के सबसे ज्यादा मत से मिलल जीत मानल जा रहल बा। उनकर सबसे नजदीकी प्रतिद्वन्द्वी नेपाली कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के उम्मीदवार रेनु दाहाल २० हजार ६१५ मत ही पा सकली।
गौतम आ दाहाल के बीच ३८ हजार ६६२ मत के भारी अंतर रहल, जवन साफ-साफ बतावता कि रास्वपा के पक्ष में जनता के समर्थन कतेक मजबूत बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............