पिछला भदौ में भइल भयानक जेनजी विद्रोह में नेपाली किशोर लोग के बहल खून के मामला में अब दोषी लोग कानूनी कारवाई से बच ना पाई।
पूर्व न्यायाधीश गाैरी बहादुर कार्की के नेतृत्व में बनल उच्चस्तरीय जांच आयोग अपना विस्तृत रिपोर्ट सुशीला कार्की के सौंप देले बा। आयोग बानेश्वर हत्याकाण्ड में शामिल दोषी लोग पर तुरन्त फौजदारी कारवाई करे के सिफारिस कइले बा।
रिपोर्ट देला के बाद पत्रकार लोग से बात करत आयोग के अध्यक्ष कार्की कहले,
“गोली चलावे वाला, चलवावे वाला आ हिंसा रोक सके के बावजूद ना रोकनिहार — सभे के कानून के दायरा में लियावे के हम साफ सिफारिस कइले बानी।”
बानेश्वर के सड़क पर पुलिस के गोली से २१ गो कम उमिर के युवा के मौत हो गइल रहे। आयोग एह घटना के राज्य के अक्षम्य अपराध बतवले बा। कार्की के कहना बा कि निर्दोष किशोरन के सहिद बनावे वाला लोग के कड़ा से कड़ा सजा मिलल जरूरी बा।
रिपोर्ट देवे में भइल देरी के चुनाव नतीजा से जोड़ के जे अटकलबाजी भइल, ओकरा के भी कार्की खारिज कर देले। उनका अनुसार घटना के गहराई से जांच आ सबूत जुटावे में समय लागल, एह से रिपोर्ट देवे में देर भइल।
कार्की कहले कि ई जांच देश खातिर एगो बड़ी जिम्मेदारी रहे आ एह काम के पूरा क के उनका आत्मसंतोष मिलल बा।

