पर्सा के जिराभवानी गाउँपालिका में गादीमाई साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के अध्यक्ष सहरुम राउत गद्दी के राजीनामा मांगत स्थानीय लोग बसन्तपुर सब–डिविजन वन कार्यालय के घेराव कइले बा।
एतवार के दुपहरिया करीब २ बजे सेढवा, बसन्तपुर, काठमाडौंटोल, भवानीपुर, महादेवपट्टी, हरैया आ सुपौली सहित कई गांव के नागरिक लोग वन कार्यालय घेराव कइला के अलावा गादीमाई साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के कार्यालय में तालाबंदी कइले बा।
स्थानीय लोग बतावता कि जार्ना, घास आ घर लिपपोत खातिर माटी लेबे जाए या पशु चौपाया लेके चरावे जाए पर समूह के अध्यक्ष गद्दी आ कार्यालय सहयोगी सोयालाल साह रौनियार आ समिन गद्दी अभद्र व्यवहार करत, गाली-गलौज आ अश्लील शब्द प्रयोग करत रहलन।
जिराभवानी गाउँपालिका के कार्यपालिका सदस्य सरोज चौरसियाक नेतृत्व में भइल आंदोलन के दौरान प्रदर्शनकारी जब कार्यालय पहुँचले, तब समूह के पदाधिकारी लोग फरार भइल रहलें।
स्थिति नियंत्रण में राखे खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली, प्रहरी चौकी हरैया आ शस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प सुवर्णपुर से सुरक्षाकर्मी घटनास्थल पर तैनात भइल रहलेंन।
कार्यपालिका सदस्य चौरसिया के अनुसार डिविजन वन कार्यालय पर्सा के प्रमुख डिविजनल वन अधिकृत मन्जुर अहमद आ समूह के अध्यक्ष गद्दी के मिलेमतो से लंबे समय से राष्ट्रिय वन से अवैध काठ तस्करी होत रहल बा।
ई बीच फागुन १४ के साँझिया करीब ७ बजे तस्करी भइल काठ सहित एगो ट्रैक्टर नियन्त्रण में लेहल गइल बा। प्र २–०३–००१ त ३८०० नम्बर के ट्रैक्टर जिराभवानी गाउँपालिका–३ सहजानपुर से सतिसाल आ सिसौ के काठ सहित पुलिस चौकी हरैया में बुझावल गइल।
बसन्तपुर सब–डिविजन वन कार्यालय के प्रमुख वन अधिकृत मोवारक अली बतवलन कि जंगल में छपान कइल काठ अध्यक्ष आ अन्य पदाधिकारी लोग अवैध कटानी क के बेचत रहल। अध्यक्ष गद्दी पर कारवाही खातिर डिविजन वन कार्यालय पर्सा में कई बेर पत्र पठावल गइल, बाकिर अबले कवनो सुनवाई ना भइल।
डिविजनल वन अधिकृत मन्जुर अहमद घटना पर अभी जांच जारी बा, ई प्रतिक्रिया दिहलेंन।

