काठमांडू । नेकपा एमाले के अध्यक्ष आ पूर्व प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के पिता मोहनप्रसाद ओली के आज पशुपति आर्यघाट में राजकीय सम्मान के साथ अन्त्येष्टि कइल गइल।
भक्तपुर के गठ्ठाघर स्थित नेपाल-कोरिया मैत्री अस्पताल में उपचारका दौरान निधन भइल ओली के पार्थिव शरीर पशुपति लावल गइल, जहाँ पुत्र केपी शर्मा ओली उहाँ के मुखाग्नि दिहलें। अंतिम विदाई में आर्यघाट में विभिन्न राजनीतिक दल के शीर्ष नेता, कार्यकर्ता, परिवारजन आ शुभेच्छुक लोग के भारी उपस्थिति रहल।
मोहनप्रसाद ओली कुछ समय से गठ्ठाघर स्थित बेटी के घर में रहत रहलें। अचानक स्वास्थ्य बिगड़ला पर उहाँ के अस्पताल भर्ना कइल गइल रहे, लेकिन उपचार दौरान उहाँ के प्राण चल गइल। उहाँ के निधन के खबर मिलते अस्पताल परिसर में श्रद्धांजलि अर्पण करे वाला लोग के भीड़ जुट गइल।
देश के राजनीति में प्रभावशाली व्यक्तित्व वाला मोहनप्रसाद ओली के लोग सरल आ आत्मीय अभिभावक के रूप में जानत रहलें। जीवन के उत्तरार्ध में उहाँ कई दुखद राजनीतिक आ सामाजिक घटनाक्रम से गुजरलें। खास करके बितल भादो 23–24 के जेनजी आन्दोलन के दौरान झापा स्थित उहाँ के घर में आगजनी भइल रहे, जेकरा बाद उहाँ मानसिक रूप से परेशान हो गइलें। ई घटनाक्रम के बाद उहाँ आपन गृह जिल्ला झापा ना गइलें आ काठमांडू में छोरी के देखभाल में रहत रहलें।

