वीरगञ्ज मे रहल देश के दुसरका सबसे बड़ा नारायणी रंगशाला के मरम्मत आ पुनर्निर्माण के काम बिअफे से शुरू भइल बा। चालू आर्थिक वर्ष २०८२/०८३ में कांग्रेस–एमाले गठबंधन सरकार द्वारा चार करोड़ रुपया के बजट तय कइल गइल रहे।
पर्सा जिला खेलकुद विकास समिति के अध्यक्ष दीपककुमार कानुका के अनुसार, पहिले चरण में जीर्ण प्यारापिट तोड़ के नया प्यारापिट बनावल जाई। बाकी काम खातिर सरकार से अउरी बजट के मांग कइल जाई।
मधेस प्रदेश सरकार भी रंगशाला के अंतरराष्ट्रीय स्तर के बनावे के नीति आ कार्यक्रम में समेटले बा। नारायणी रंगशाला में ३५ हजार दर्शक के क्षमता बा आ दशरथ रंगशाला के बाद ई देश के दुसरका सबसे बड़ रंगशाला ह। मरम्मत के अभाव में सालों से राष्ट्रीय प्रतियोगिता के आयोजन ना हो पावत रहे।
इतिहासिक रूप से, तत्कालीन अंचलाधिकारी के पहल पर २०३८ साल में रंगशाला खातिर जमीन खरीदी कइल गइल रहे आ २०४२ साल में उद्घाटन तत्कालीन राजा वीरेन्द्र द्वारा कइल गइल रहे।

