सप्तरी। महदेवा गाउँपालिका–५ भगवतपुर चोक, निर्वाचन क्षेत्र नम्बर–२ में नेकपा एमाले के झंडा जलावे के आरोप में एक जने के गिरफ्तार कइल गइल बा।
जानकारी मुताबिक चुनाव प्रचार खातिर डोरी में बाँध के लटकावल गइल पार्टी के झंडा निकाल के आग लगा दिहल गइल रहे। एह घटना में संलिप्तता के आरोप में एक म्यादी प्रहरी के पकड़ल गइल बा।
गिरफ्तार व्यक्ति के पहचान २५ वर्षीय हरिनारायण मण्डल के रूप में भइल बा, जे महादेव गाँवपालिका–५ के निवासी हउवें। खुलासा भइल बा कि मण्डल निर्वाचन ड्यूटी में तैनात म्यादी प्रहरी के रूप में कार्यरत रहलें।
जिला प्रहरी कार्यालय, सप्तरी के प्रहरी नायब उपरीक्षक आ सूचना अधिकारी डीएसपी डम्बरबहादुर पुरी बतवले बाड़ें कि घटना के संबंध में आगे के जांच जारी बा।
पुलिस के अनुसार, घटना के सब पहलू से जांच कइल जा रहल बा आ कानूनी प्रक्रिया अनुसार कार्रवाई होखी।

