काठमांडू। निर्वाचन आयोग के तय समय सीमा के भीतर नेकपा एमाले समानुपातिक निर्वाचन प्रणाली खातिर १६ गो सांसद के अंतिम नामावली जमा कर दिहले बा।
शनिचर के भइल पार्टी सचिवालय के बैठक में काफी मंथन के बाद क्लस्टर अनुसार नाम तय भइल, जेकरा के एमाले नेता निरज आचार्य आ उनकर टीम एतवार के आयोग में जाके औपचारिक रूप से दर्ता करवलें। पार्टी समावेशी सिद्धांत के ध्यान में राखत आदिवासी जनजाति, खस आर्य, थारू, दलित, मधेशी आ मुस्लिम समुदाय के प्रतिनिधित्व सुनिश्चित कइले बा।
पार्टी के जारी सूची के मुताबिक आदिवासी जनजाति से भूमिका सुब्बा, गंगादेवी श्रेष्ठ, रामबहादुर थापा मगर आ कुलभक्त शाक्य के चुनल गइल बा। खस आर्य क्लस्टर में महिलन खातिर पद्मा अर्याल, टुकाभद्रा हमाल आ पिछड़ल इलाका से एशुदा कुमारी बराल के जगह भइल, जबकि पुरुषन में गुरु प्रसाद बराल आ पुष्पराज कंडेल के नाम सिफारिस भइल बा। थारू समुदाय से कृपाराम राना आ दलित महिलन में विष्णुमाया वी.के. आ नीता घतानी के चुनल गइल बा।
मधेशी क्लस्टर में महिलन खातिर रिङ्ला यादव आ यशोधा कुमारी यादव, पुरुष खातिर चन्द्रेश्वर मंडल चुनल गइल बा। मुस्लिम समुदाय खातिर भी महिला प्रतिनिधि के नाम शामिल भइल बा।
निर्वाचन आयोग दल से मिलल ई नाम के जाँच-पड़ताल कइला के बाद अंतिम प्रमाणीकरण करी, तब एह लोग के आधिकारिक रूप से सांसद घोषित कइल जाई। नेता लोग दावा करत बा कि एमाले के ई चयन में अनुभव आ समावेशी संतुलन दुनो के ध्यान राखल गइल बा।

