वीरगंज। जीतपुरसिमरा नगर उद्योग वाणिज्य संघ छह लेन वाला मुख्य सड़क के बीच वाला बिगड़ल डिभाइडर के मरम्मत कइल या व्यवस्था सम्भव ना होखे त हटावे खातिर जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के पत्र भेजले बा।
संघ के महासचिव प्रकाश गिरी के भेजल पत्र में कहल गइल बा कि डिभाइडर कई जगह टूटल, अव्यवस्थित आ जीर्ण स्थिति में बा। डिभाइडर पर लागल रेलिंग आ अन्य संरचना क्षतिग्रस्त होखला से सड़क के सुंदरता पर असर पड़ल बा आ शहर के समग्र दृश्य नकारात्मक लागत बा।
पत्र में डिभाइडर पर रोपल गइल गाछ के भी ठीक से देखभाल ना भइला के कारण उ सुखत जा रहल बा या नष्ट होखत बा। एहसे सड़क के हरियाली बनावे के उद्देश्य पूरा ना भइल, संघ के कहना बा।
संघ कहले बा कि टूटल रेलिंग आ डिभाइडर के कारण सड़क के चारों ओर कचरा जमा होखत बा, दुर्घटना के जोखिम बढ़त बा आ वातावरण अव्यवस्थित लागत बा। एहसे आगंतुक आ स्थानीय लोग में शहर के प्रति नकारात्मक धारणा बन सकेला।
संघ अपील कइले बा कि संबंधित निकाय डिभाइडर के जरूरी मरम्मत–सम्भार क के व्यवस्थित बनावे, ना हो सके त हटाके सड़क क्षेत्र के साफ, सुरक्षित आ आकर्षक बनावे के पहल करे। संघ के विश्वास बा कि संबंधित निकाय एह विषय में जल्दी आवश्यक कदम उठाई।

