• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

बिपिएस +2 कलेज के वार्षिक खेलकूद कार्यक्रम सम्पन्न

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र २ गते
A A
बिपिएस +2 कलेज के वार्षिक खेलकूद कार्यक्रम सम्पन्न

वीरगंज – वीरगंज महानगरपालिका वडा नम्बर ९ में स्थित बिपिएस +2 कलेज के वार्षिक खेलकूद कार्यक्रम आज भव्य समारोह के बीच सम्पन्न भइल। कार्यक्रम में कक्षा 11 आ 12 के विद्यार्थी लोग अनेक खेलकूद विधा में उत्कृष्ट प्रदर्शन कइल आ विजेता खिलाड़ी लोग के मेडल आ प्रमाणपत्र देके सम्मानित कइल गइल।
कलेज के संचालक दीपक पटेल के अध्यक्षता में आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक राजु कार्की के प्रमुख आतिथ्य में कार्यक्रम सम्पन्न भइल। प्रमुख अतिथि कार्की विजेता विद्यार्थी लोग के मेडल आ प्रमाणपत्र वितरण करत कहलन कि विद्यार्थी लोग के अनुशासन आ खेलकूद के मर्यादित ढंग से अगाड़ी बढ़ावे पर जोर देवे के चाहीं।
उहाँ आगाह कइले कि कानुनविपरीत गतिविधि में संलग्न भइला से भविष्य में समस्या हो सकेला। विदेश भ्रमण, अध्ययन या वैदेशिक रोजगारी खातिर जइला पर प्रहरी से चालचलन प्रमाणपत्र के जरूरत होला, आ गलत गतिविधि में संलग्न भइला पर ओकर रेकर्ड प्रहरी डाटाबेस में रह जाई, जे भविष्य में सरकारी नौकरी या विदेश जाए के अवसर में बाधा बना सकेला।
प्रहरी नायब उपरीक्षक कार्की विद्यार्थी लोग के सलाह दिहले कि अबहीं से सचेत होखके आपन भविष्य बनावे, कलेज के प्रतिष्ठा बनवले राखे आ अभिभावक के अपेक्षा पूरा करे खातिर सकारात्मक गतिविधि में लागे।
कार्यक्रम में कलेज के संचालक संदीप कुशवाहा, प्रिन्सिपल प्रभात मेहता, शिक्षक लोग दीपेन्द्र कानु, शुभम तुलसीहान, राजेश्वर पटेल, सुदिक्षा सुवेदी, अविरल पटेल, आकाश पटेल, विशेष दुबेदी, अनिस महतो, रेश्मा पटेल आ खेलकूद प्रशिक्षक रवि यादव समेत उपस्थित रहलें।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............