चितवन। चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज आ पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के संयुक्त कम्प्लेक्स में बाघ गणना खातिर लगावल गइल ६० गो कैमरा गायब हो गइल बा। साथे २५ गो कैमरा खराब भी मिलल बा।
चितवन राष्ट्रीय निकुञ्ज के सूचना अधिकारी अविनास थापा मगर जानकारी दिहलन कि एह गणना अभियान में कुल १,७८० गो कैमरा इस्तेमाल कइल गइल रहे। बाघ के गणना पुस ३ गते से शुरू भइल रहे आ अब पूरा हो चुकल बा।
सूचना अधिकारी के मुताबिक, दूनो राष्ट्रीय निकुञ्ज के एक कम्प्लेक्स बना के ओकरा के तीन ब्लॉक में बाँट के गणना कइल गइल। एह दौरान जंगल के अलग-अलग इलाका में कैमरा ट्रैप लगावल गइल रहे।
एहसे पहिले सन् २०२२ में भइल बाघ गणना में नेपाल में कुल ३५५ वयस्क बाघ मौजूद रहे के तथ्यांक सार्वजनिक भइल रहे। ओह गणना में चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज में १२८, बर्दिया राष्ट्रिय निकुञ्ज में १२५, बाँके राष्ट्रिय निकुञ्ज में २५, पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज में ४१ आ शुक्लाफाँटा राष्ट्रिय निकुञ्ज में ३६ बाघ दर्ज कइल गइल रहे।
अभी ६० कैमरा गायब होखे के घटना के संबंध में निकुञ्ज प्रशासन जांच आगे बढ़ावत बा। अधिकारी लोग कहत बा कि जंगल इलाका में कैमरा चोरी या नुकसान के कारण पता लगावल जा रहल बा।

