• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

“हम तनखा ना खाइब, अपना गाड़ी चढ़ब” : सुधन गुरुङ,

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ३ गते
A A
“हम तनखा ना खाइब, अपना गाड़ी चढ़ब” : सुधन गुरुङ,

काठमांडू । राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के नव निर्वाचित सांसद सुधन गुरुङ कहलन कि ऊ सरकार से मिले वाला तनखा आ भत्ता ना लीहें।
ललितपुर के ग्वार्को में आयोजित पार्टी के संसदीय अभिमुखीकरण कार्यक्रम में शामिल होखे के दौरान मीडिया से बात करत गुरुङ कहलन कि ऊ सरकारी सुविधा त्याग करे के फैसला कइले बाड़न। ऊ कहले कि ऊ आर्थिक रूप से सक्षम बाड़न आ जनता के सेवा करे खातिर राजनीति में आइल बाड़न, एसे सरकार के पैसा लेवे के जरूरत नइखे। “हम तनखा ना खाइब, काहे खाइब? हम खुदे सक्षम बानी,” ऊ कहले, आ राजनीति के सेवा भाव से करे के बात जोर देके कहलन।
गुरुङ ई भी साफ कइले कि संसदीय कार्यकाल में ऊ सरकारी गाड़ी के इस्तेमाल ना करिहें, बल्कि आपन निजी गाड़ी चलइहें। हालांकि कानूनी रूप से संघीय संसद सदस्यन के अलग से सरकारी गाड़ी के सुविधा नइखे मिलत, बाकिर गुरुङ के ई घोषणा से सार्वजनिक खर्च घटावे आ सादगी जीवनशैली अपनावे के उनकर प्रतिबद्धता झलकत बा।
चुनाव में रास्वपा के मिलल भारी समर्थन आ जनता के अपेक्षा के सम्मान करत ऊ कहलन कि पार्टी अलग ढंग से काम करे के कोशिश करत बा। एहसे पहिले भी रास्वपा के कुछ नेता सरकारी सुविधा ना लेवे के घोषणा कइले रहलें, आ अब गुरुङ के ई बयान से राजनीतिक माहौल में नया बहस शुरू हो गइल बा।
आर्थिक रूप से मजबूत जनप्रतिनिधि अगर राज्य केष पर भार ना बढ़ावें, त ई एक सकारात्मक संदेश दे सकेला, बाकिर नीति निर्माण के स्तर पर एह तरह के कदम के प्रभाव का होई, एहपर आम जनता के दिलचस्पी बढ़ गइल बा। गुरुङ कहलन कि ऊ संसद में आपन भूमिका मजबूती से निभइहें आ हमेशा जनता के मुद्दा उठावे खातिर तैयार रहीहें।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............