• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

चीनी राष्ट्रपति के किताब जलावे के बाद कूटनीतिक हलचल

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ३ गते
A A
चीनी राष्ट्रपति के किताब जलावे के बाद कूटनीतिक हलचल

काठमांडू । मोरंग के मनमोहन टेक्निकल इंस्टिच्युट में चीनी राष्ट्रपति Xi Jinping द्वारा लिखल किताब ‘द गभर्नेन्स अफ चाइना’ के जलावल जाए के घटना से कूटनीतिक दायरा में हलचल मच गइल बा।
ई मामला में काठमांडू स्थित चीनी दूतावास विदेश मंत्रालय के माध्यम से आधिकारिक चिट्ठी भेज के आपन गहिरा चिंता आ आपत्ति जतवले बा, जवनासे सरकार भी सक्रिय हो गइल बा। नेपाल–चीन संबंध पर नकारात्मक असर डाल सके वाला एह तरह के गतिविधि पर चीन कड़ा शब्द में असंतोष जतवले बा, ओकर बाद गृह मंत्रालय तुरंत जांच करे आ दोषी लोग के कानूनी दायरा में लियावे के निर्देश देले बा।
विदेश मंत्रालय से मिलल कूटनीतिक पत्र के आधार पर गृह मंत्रालय नेपाल पुलिस आ मोरंग के प्रमुख जिला अधिकारी के चिट्ठी भेज के घटना के गंभीरता से लेवे के कहलस बा। पड़ोसी देश के राष्ट्राध्यक्ष के अपमान होखे जइसन तरीका से किताब जलावल कूटनीतिक मर्यादा के खिलाफ मानल गइल बा। एह चलते जांच प्रक्रिया तेज करे आ शामिल लोग के पहचान करके जरूरी कानूनी कार्रवाई आगे बढ़ावे के निर्देश दिहल गइल बा। साथे मोरंग में सुरक्षा व्यवस्था भी कड़ा करे के कहाइल बा।
मित्र देशन के साथ संबंध के संवेदनशील मानत सरकार अब एह तरह के उग्र गतिविधि रोके खातिर सख्त कदम उठावे के नीति अपनावत नजर आवत बा। चीनी दूतावास के चिट्ठी के बाद गृह मंत्रालय जिला प्रशासन कार्यालय मोरंग के घटना के असलियत पता करे आ शांति-व्यवस्था कायम रखे खातिर खास निर्देश दिहले बा। कूटनीतिक संबंध में दरार ना आवे, एह खातिर सरकार एह मामला के उच्च प्राथमिकता पर राख के जांच करा रहल बा, पुलिस स्रोत से ई जानकारी मिलल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............