बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका–५ के सड़क पर सोमार के साँझिया दू गो भारतीय नम्बर वाला मोटरसाइकिल आपस में टकराए से एक आदमी के मौत हो गइल बा।
पुलिस के अनुसार, बीआर ०५ एए ८४४४ नम्बर वाला मोटरसाइकिल बीआर ३० भी ४६३७ नम्बर वाला मोटरसाइकिल के टक्कर दिहलस। टक्कर में सिम्रौनगढ नगरपालिका–५ के ४५ साल के सुरेन्द्र महतो गंभीर रूप से घायल हो गइल रहलें। उनकर इलाज खातिर प्रादेशिक अस्पताल कलैया ले जाए गइल, लेकिन इलाज के दौरान उनकर मृत्यु हो गइल।
ओही तरह, बीआर ३० भी ४६३७ नम्बर वाला मोटरसाइकिल के चालक आ ओकरा पर सवार एक व्यक्ति घायल हो गइल बा। चालक समाज अस्पताल कलैया में इलाजरत बाड़े जबकि दोसरा घायल हिमाल अस्पताल वीरगंज में इलाज करा रहल बा।
पुलिस बीआर ०५ एए ८४४४ नम्बर वाला मोटरसाइकिल के चालक के नियन्त्रण में लेले बा आ दुर्घटना के कारण के बारे में आगे जांच जारी बा।

