• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

पर्सा में शारीरिक अपांगता वाला नागरिक लोग के व्हीलचेयर मदद

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ३ गते
A A
पर्सा में शारीरिक अपांगता वाला नागरिक लोग के व्हीलचेयर मदद

{"remix_data":[],"remix_entry_point":"challenges","source_tags":["local"],"origin":"unknown","total_draw_time":0,"total_draw_actions":0,"layers_used":0,"brushes_used":0,"photos_added":0,"total_editor_actions":{},"tools_used":{},"is_sticker":false,"edited_since_last_sticker_save":false,"containsFTESticker":false}

वीरगंज — शस्त्र प्रहरी गण नं. १३ पर्सा, वीरगंज आ वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल के समन्वय आ सहयोग से पर्सा जिला के अलग–अलग गाउँपालिका के चार गो शारीरिक अपांगता वाला आ चलफिर ना सके वाला लोग के घर-घर पहुँच के व्हीलचेयर उपलब्ध करावल गइल बा।
एह कार्यक्रम के तहत जिराभवानी गाउँपालिका वडा नं. १ पकडीटोला निवासी ६२ साल के प्रेम चौधरी के घर पहुँचल गइल आ व्हीलचेयर दिहल गइल। ऊ काम के सिलसिला में गाय-बस्तु खातिर गाछ पर चढ़ के घास काटत घरी गिर गइल रहलें आ स्पाइनल कॉर्ड इंजुरी के कारण पूरा तरह से अपांग हो गइल रहलें। पिछिला दू साल से बिछाैना पर रहत ऊ आ उनका परिवार आर्थिक रूप से भी कठिनाई झेलत रहल। एह जानकारी के बाद शस्त्र प्रहरी गण नं. १३ के गणपति एसपी मोहन बहादुर क्षेत्री खुद उनका घर जा के सहयोग दिहलन।
ओही तरह जिराभवानी गाउँपालिका वडा नं. २ सेढवा निवासी ३५ साल के विनोद दास थारु, जे जन्मजात निचला हिस्सा चलावे में असमर्थ बाड़न, उनका के भी घर पहुँचके व्हीलचेयर दिहल गइल।
धोबनी गाउँपालिका वडा नं. ५ धोबनी निवासी ४२ साल के मनबोध चौधरी, जे ‘मलाह’ रोग के कारण चलफिर ना सके, उनका के भी घर पहुँचके व्हीलचेयर उपलब्ध करावल गइल।
बिन्दबासिनी गाउँपालिका वडा नं. ३ झौवा निवासी १० साल के आलोक कुमार राम, जे जन्मजात अपांगता वाला बालक बाड़न, उनका के भी घर पहुँच के व्हीलचेयर दिहल गइल।
व्हीलचेयर हस्तांतरण कार्यक्रम में शस्त्र प्रहरी गण नं. १३ के गणपति एसपी मोहन बहादुर क्षेत्री, बोर्डर आउटपोस्ट महादेवपट्टी के प्रमुख हरीचन्द्र खड्का, सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु, संबंधित वडाका अध्यक्ष रामशरण खवास आ मनौवर अहमद समेत कई स्थानीय व्यक्तित्व मौजूद रहलें।
शस्त्र प्रहरी गण नं. १३ पहिले भी अलग–अलग दुर्गम इलाका में पहुँच के असहाय आ गरीब नागरिक लोग के जरूरी सहयोग प्रदान करत रहल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............