• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

इरान के दू गो शीर्ष सुरक्षा कमांडर के इजरायली हमला में मारल गइल दावा

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ३ गते
A A
इरान के दू गो शीर्ष सुरक्षा कमांडर के इजरायली हमला में मारल गइल दावा

काठमांडू — पश्चिमी एशिया में बढ़त तनाव के बीच इजराइल दावा कइले बा कि उ इरान के उच्च सुरक्षा नेतृत्व के निशाना बनाके बड़ा सफलता हासिल कइले बा।
इजरायली रक्षा मंत्री इजरायल काट्ज एक बयान जारी करके बतवले कि इरान के सर्वोच्च राष्ट्रीय सुरक्षा परिषद के प्रभावशाली सचिव अली लारीजानी के मौत हो गइल बा। इजरायली रक्षा बल (आईडीएफ) के कहना बा कि लारीजानी के निशाना बनाके राजधानी तेहरान समेत मुख्य शहरन में जोरदार हमला कइल गइल, अउर एह दौरान उ मरा गइल।
बाकिर, इरानी मीडिया कहत बा कि लारीजानी सुरक्षित बाड़न अउर जल्दीए सार्वजनिक संदेश जारी करिहें।
तेहरान के साथे-साथ अहम सहर अह्वाज, इस्फाहान अउर सिराज़ में भइल एह श्रृंखलाबद्ध विस्फोट से इरान में भारी हलचल पैदा हो गइल बा। अलजज़ीरा के मुताबिक, इजरायली हमला खाली लारीजानी पर सीमित ना रहल, बलुकी इजराइल दावा कइले बा कि इरान के ताकतवर अर्धसैनिक बल बासिज के प्रमुख घोलमरेजा सोलेमानी के भी मारा गइल बा।
साल 2019 से साढ़े चार लाख से ज्यादा स्वयंसेवक दस्ताके नेतृत्व कइले सोलेमानी इरानी शासन के कट्टर रक्षक मानल जात रहलें। पश्चिमी देश उनकरा पर कई प्रतिबंधो लगवले रहलें। ई दूनो उच्च अधिकारी पर हमला से इरान के आंतरिक अउर राष्ट्रीय सुरक्षा प्रणाली पर गहिरा चोट लागल बा।
हमला से कुछ घंटा पहिले अली लारीजानी एगो पत्र में विश्व के इस्लामिक देशन के कड़ा आलोचना कइले रहलें। उ कहले रहलें कि संकट के समय इरान के कवनो मुस्लिम देश मदद नइखे कइले, अउर एह देशन के भूमिका पर सवाल उठवले रहलें।
अब लारीजानी के मौत के खबर से पूरा इलाका में नया युद्ध के डर पैदा भइल बा, जबकि इरान अबहीं तक प्रमुख कमांडरन के मौत पर कवनो औपचारिक प्रतिक्रिया नइखे दिहल। अगर इजरायली दावा सही साबित होला, त ई इरान अउर इजराइल के बीच के टकराव के एगो नया अउर ज्यादा भयंकर मोड़ पर ले जाई।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............