वीरगंज महानगरपालिका आज से मच्छर नियंत्रण खातिर एयर स्प्रे (फगिंग) से दवाई छिड़कावे के काम शुरू कइले बा। एह से पहिले महानगर पंप स्प्रे से मच्छर मारेला दवाई छिड़कत रहल, अब एयर स्प्रे के इस्तेमाल भी शुरू हो गइल बा।
महानगर के सरसफाई अधिकरी सर्फुदिन मियाँ के अनुसार, सबेरे पंप स्प्रे से आ सांझ के एयर स्प्रे (फगिंग) से दवाई छिड़क के अभियान तेज कइल गइल बा। योजना अनुसार लार्भा अवस्था के मच्छर के सबेरे आ दिन में नियंत्रण कइल जाला, जबकि बड़ मच्छर के सांझ फगिंग से मारल जाई।
गर्मी शुरू होते ही वीरगंज इलाका में मच्छर के प्रकोप बढ़े लागल बा। एहके ध्यान में रखत महानगर पंप आ फगिंग दुनों तरीका से दवाई छिड़क रहल बा। 32 वट वॉर्ड में दवाई छिड़कावे खातिर बाकायदा समय-सारणी भी बनावल गइल बा।
वीरगंज में जाड़ा खतम होखे आ गर्मी शुरू होखे के समय आ बरसात के शुरुआत में मच्छर जादे बढ़ेला। एहके रोकथाम खातिर महानगर साल में दू बेर ई अभियान चलावत बा।
महानगर प्रमुख राजेशमान सिंह बतवले कि मच्छर के काटे से फैल सके वाला खतरनाक बीमारी जइसन डेंगू आ मलेरिया से बचावे खातिर ई अभियान लगातार चलावल जा रहल बा। ऊ नागरिक लोग से अपील कइले बाड़े कि घर के आसपास पानी जमा ना होखे देसु, सफाई पर ध्यान देसु आ मच्छर नियंत्रण अभियान में सहयोग करस।

