वीरगंज में मानव बेचबिखन के खिलाफ सूचना आ परामर्श केंद्र स्थापित कइल गइल बा।
ज्योति सामुदायिक विकास सेवा नेपाल, वीरगंज–पर्सा शाखा मानव बेचबिखन विरोधी अभियान के तहत ई केंद्र चालू कइले बा। वीरगंज महानगरपालिका–16, भन्सार गेट के उत्तर तरफ बनल ई केंद्र के औपचारिक उद्घाटन कार्यक्रम संपन्न भइल।
कार्यक्रम में संस्था के केंद्रीय उपाध्यक्ष राजन सुनार अध्यक्षता कइलन, जबकि प्रमुख अतिथि के रूप में वडा नं. 16 के वडाध्यक्ष परशुराम चौरसिया मौजूद रहलन।
सुनार कहलन कि मानव बेचबिखन जइसन गंभीर अपराध रोके खातिर राज्य, सुरक्षा निकाय, स्थानीय तह आ नागरिक समाज के बीच मजबूत समन्वय बहुत जरूरी बा। ऊ विश्वास जतवले कि नया केंद्र जोखिम में पड़ल लोग के समय पर जानकारी, परामर्श आ सहयोग दि।
प्रमुख अतिथि चौरसिया भी कहलन कि स्थानीय तह से ई अभियान के पूरा समर्थन रही आ अइसन केंद्र समाज में बढ़त जोखिम कम करे में अहम भूमिका निभाई। ऊ पीड़ित संरक्षण आ जनचेतना बढ़ावे पर जोर दिहलन।
कार्यक्रम में जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा के डीएसपी राजु कार्की बतवले कि पर्सा सीमावर्ती जिला होखे के चलते मानव बेचबिखन के खतरा जादे बा, एहसे एकजुट प्रयास जरूरी बा। ऊ जनता से अपील कइलन कि कवनो संदिग्ध गतिविधि दिखे त तुरंत पुलिस के जानकारी देसु।
एह कार्यक्रम में सशस्त्र प्रहरी बल भन्सार सुरक्षा गुल्म के डीएसपी विकास अधिकारी, वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के निरीक्षक विक्रम सुबेदी, संस्था के उपाध्यक्ष विजय पासवान आ सचिव निरज आचार्य समेत कई लोग मौजूद रहल।
संस्था के अनुसार, ई केंद्र के माध्यम से मानव बेचबिखन आ ओसारपसार के खिलाफ जनचेतना बढ़ावल जाई आ पीड़ित आ जोखिम में पड़ल लोग के जरूरी जानकारी, परामर्श आ सहयोग देहल जाई।

