नेपाली बजार में आजु सोना के दाम घट गइल बा।
आजु सोना के दाम प्रतितोला 22 सौ रुपया घट के 3 लाख 7 हजार 7 सौ रुपया हो गइल बा, ई जानकारी नेपाल सुनचाँदी व्यवसायी महासंघ दिहलस। काल्हु सोना प्रतितोला 3 लाख 9 हजार 9 सौ रुपया पर कारोबार भइल रहे।
एही तरह, चाँदी के दाम भी घट के प्रतितोला 185 रुपया घट के 5 हजार 150 रुपया हो गइल बा। काल्हु चाँदी प्रतितोला 5 हजार 335 रुपया पर कारोबार भइल रहे।

