वीरगंज । वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह वीरगंज स्थित नेपाल राष्ट्रिय विद्यापीठ माध्यमिक विद्यालय, श्रीपुर के स्थलगत निरीक्षण कइले बानी।
निरीक्षण के दौरान ऊ विद्यालय में नियमित कक्षा संचालन के स्थिति, छात्र-छात्रन के उपस्थिति, दिवा खाजा कार्यक्रम के प्रभाव आ साफ-सफाई व्यवस्था के बारे में जानकारी लिहनी। एही संग-संग ऊ विद्यालय के समग्र शैक्षिक माहौल सुधार पर शिक्षक आ विद्यालय प्रबंधन संग चर्चा कइनी।
मेयर सिंह शैक्षिक गुणस्तर बढ़ावे, विद्यार्थी मैत्री वातावरण बनावे आ सरकारी कार्यक्रम के प्रभावी रूप से लागू करे पर विशेष ध्यान देवे के निर्देश दिहनी। ऊ विद्यालय के भौतिक संरचना आ प्रबंधन पक्ष के मजबूत करे पर भी जोर दिहनी।
सामुदायिक विद्यालयन के स्तर ऊपर उठावे खातिर स्थानीय तह के सक्रिय भूमिका जरूरी बा, ई बतावत ऊ शिक्षक, अभिभावक आ सरोकार वाला सभ के बीच सहयोग के अपरिहार्य बतवनी।
मेयर सिंह शिक्षा क्षेत्र में सुधार खातिर लगातार निरीक्षण के प्राथमिकता देवे के प्रतिबद्धता भी जाहिर कइनी।

