• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

घरेलू हिंसा में घायल महिला से सांसद सुशील कानु के भेट

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ५ गते
A A
घरेलू हिंसा में घायल महिला से सांसद सुशील कानु के भेट

वीरगंज: पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ से राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के प्रतिनिधि सभा सदस्य सुशील कुमार कानु घरेलू हिंसा में गंभीर रूप से घायल हरिकला देवी सहनी से भेट कइनी।
बारा के परवानीपुर गाउँपालिका में स्थित एलएस न्युरो अस्पताल में इलाज करा रहल सहनी से बिअफे के दिन मिलके ऊ उनकर स्वास्थ्य के हालचाल लिहनी। एही संगे, पीड़िता पर जघन्य हमला करे वाला उनकर पति विश्वनाथ सहनी के जल्द से जल्द गिरफ्तार करके कड़ा कार्रवाई करे खातिर पुलिस प्रशासन से आग्रह कइनी।
भेट के दौरान सांसद कानु इलाज में कवनो कमी ना होखे के आश्वासन देत पूरा खर्च खुद उठावे के प्रतिबद्धता जतवनी। ऊ बतवनी कि काठमांडू में रहला के बावजूद भी पीड़िता के हालत के बारे में लगातार जानकारी लेत रहल बाड़न।
कानु पर्सा के पुलिस प्रमुख एसपी सुदीप राज पाठक से भी घटना पर चर्चा कइनी आ दोषी के जल्दी गिरफ्तार करे के आग्रह कइनी। ऊ कहलन कि अइसन अमानवीय घटना पर कड़ा कानूनी कार्रवाई जरूरी बा।
महिला हिंसा रोके खातिर नीतिगत सुधार के जरूरत पर जोर देत ऊ संसद में ई मुद्दा उठावे आ पीड़िता खातिर राहत के व्यवस्था करे के मांग सरकार से करे के प्रतिबद्धता जतवनी।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............