• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

हरि खेतान क्याम्पस आ हरि खेतान मावि के एके भवन में संचालन ना करे के अदालत के आदेश

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ५ गते
A A
हरि खेतान क्याम्पस आ हरि खेतान मावि के एके भवन में संचालन ना करे के अदालत के आदेश

उच्च अदालत जनकपुर के अस्थायी इजलास वीरगंज, वीरगंज के हरि खेतान बहुमुखी क्याम्पस आ हरि खेतान माध्यमिक विद्यालय के एके भवन में संचालन ना करे के आदेश देले बा।
कुछ समय से दुनो शिक्षण संस्था एके भवन में चलत रहल, जवना के खिलाफ अदालत में रिट दायर भइल रहे। ओही पर सुनवाई करत अदालत दुनो संस्था के अलग-अलग भवन में चलावे के निर्देश देले बा।
अदालत के आदेश अनुसार अब विद्यालय आ क्याम्पस अलग-अलग भवन आ अलग-अलग कानूनी ढांचा के तहत संचालन होई। एह फैसला से पहिले से चलत प्रबंधन आ कानूनी विवाद खत्म होखे के संकेत मिलत बा।
नेपाल के शिक्षा ऐन २०२८ में साफ व्यवस्था बा कि माध्यमिक विद्यालय आ विश्वविद्यालय से जुड़ल क्याम्पस अलग-अलग कानूनी संरचना में चलल जरूरी बा। साथे त्रिभुवन विश्वविद्यालय के “सम्बन्धन सम्बन्धी विनियम २०७३” में भी एके भवन में विद्यालय आ क्याम्पस चलावे के मनाही बा।
कानूनी प्रावधान अनुसार क्याम्पस प्रमुख आ विद्यालय के प्रधानाध्यापक अलग-अलग व्यक्ति होखे के चाहीं, बाकिर ए मामला में क्याम्पस प्रमुख पर विद्यालय के प्रशासन में भी हस्तक्षेप करे के आरोप लागत रहल बा।
संचालक समिति कई बेर क्याम्पस प्रमुख से शिक्षा ऐन अनुसार विद्यालय संचालन करे के आग्रह कइले रहे, लेकिन ओकर अनदेखी कइल जात रहल।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............