वीरगंज के नारायणी रंगशाला के जीर्ण प्याराफिट के पुनर्निर्माण काम के बिअफे के शिलान्यास कइल गइल। मधेस प्रदेश खेलकुद परिषद के सदस्य सचिव शिवजी गुप्ता शिलान्यास कइनी।
सरकार चालू आर्थिक वर्ष में ४ करोड़ बजट राखले रहे, जवना में ब्लक ‘सी’ के प्याराफिट निर्माण खातिर २.१७ करोड़ में ठेक्का देके काम शुरू भइल बा। फिलहाल पुरान संरचना हटाके नया बनावे के काम चल रहल बा।
करीब ३५ हजार दर्शक क्षमता वाला ई रंगशाला लंबा समय से जीर्ण हालत में रहे, जबकि स्थानीय खेलप्रेमी लोग एक दशक से पुनर्निर्माण के मांग करत रहलें।

