काठमाडौं । इरान युएई के रास अल-खैमाह शहर पर “निर्णायक ताकत” से हमला करे के चेतावनी देले बा। ई धमकी फारसी खाड़ी में मौजूद दू टापू के लेकर चलत पुरान विवाद से जुड़ल बतावल जा रहल बा।
राज्य संचालित मीडिया के अनुसार, इरान के सेना के प्रवक्ता टेलीग्राम पर जारी संदेश में कहलन कि “अबु मुसा आ ग्रेटर टुन्ब टापू पर अगर कवनो नया हमला भइल, त ओकर जवाब युएई के रास अल-खैमाह शहर पर हमला से दिहल जाई।”
हालांकि, एह हमला के प्रकृति का होई, एह बारे में साफ जानकारी नइखे दिहल गइल, लेकिन ई चेतावनी अइसन समय में आईल बा जब ई दूनो टापू दशकन से इरान के नियंत्रण में बा।
ई टापू फारसी खाड़ी में रणनीतिक रूप से बहुत महत्वपूर्ण मानल जाला। युएई भी एह पर अपना दावा जतावत आइल बा, जवन क्षेत्रीय सुरक्षा आ कूटनीतिक तनाव के अउरी बढ़ा देले बा।
विशेषज्ञ लोग एह स्थिति के मध्यपूर्व के स्थिरता आ तेल आपूर्ति मार्ग पर संभावित असर से जोड़ के देखत बा। फिलहाल, इरान आ युएई के बीच एह मुद्दा पर कवनो आधिकारिक बातचीत या समाधान के संकेत नइखे मिलल।

