• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

सांसद महावीर पुन वीरगंज मे किताब बेचे अइलें

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ९ गते
A A
सांसद महावीर पुन वीरगंज  मे किताब बेचे अइलें

म्याग्दी क्षेत्र नं. १ से प्रतिनिधि सभा सदस्य बनल महावीर पुन सांसद बनला के बाद पहिलका बेर वीरगंज आके आपन आत्मकथा किताब बेचले बाड़न।
एतवार के साँझिया वीरगंज पहुँचल पुन, जे राष्ट्रीय आविष्कार केन्द्र के अध्यक्षो हउवन, सोमार के भोर में घण्टाघर चोक पर किताब बेचत नजर अइले। ऊ बतवले कि सबेरे ८ से ११ बजे तक करीब १५० गो किताब बिक गइल।
ऊ कहलन कि मंगर तक ऊ वीरगंज कृषि औजार कारखाना में रहीहें, एहसे जेकरो किताब लेवे के इच्छा होखे, ऊ उहवें जा के संपर्क कर सकेला। मंगर साँझिया ऊ काठमांडू रवाना हो जइहें।
पुन कहलन कि चुनाव के बाद मिलल फुर्सत के समय के उपयोग करत ऊ अलग-अलग जिला में घूम के किताब बेचत बाड़न। ऊ कहले, पहिले किताब बेचत रहनी त बीच में मंत्री बन गइनी, फेर चुनाव आ गइल, एहसे किताब बेचना रुक गइल रहे। अब फुर्सत मिलल बा त फेर से किताब बेचत बानी।
ऊ साफ कहलन कि संसद बैठक चले पर ऊ सांसद के काम करिहें, आ जब बैठक ना रही त किताब बेचत रहिहें। ऊ कहले, “किताब बेच के जे पैसा आई, ओकरा से वीरगंज कृषि कारखाना के बहुत बड़ा आ बेहतर बनावे के बा।”
पिछला सालो किताब बेचत समय ऊ वीरगंज अइले रहले आ ९ दिन में करीब २ हजार किताब बेचले रहले। ऊ जानकारी दिहलन कि ५२६ दिन लगातार किताब बेच के करीब २ लाख ५० हजार किताब बेचले आ खर्च काट के १२ करोड़ से जादे आमदनी भइल, जेकरा से कारखाना चलावल जा रहल बा।
करीब दुई दशक से बंद रहल ई कारखाना, जे पहिले सरकार चलावत रहे, अब राष्ट्रीय आविष्कार केन्द्र के जिम्मा में आके फेर से चालू भइल बा। एह कारखाना के २०२१ साल (वि.सं.) में सोभियत संघ के सहयोग से स्थापित कइल गइल रहे, लेकिन घाटा के कारण २०५९ में बंद हो गइल रहे।
अब आविष्कार केन्द्र पुरान मशीन आ उपकरण के मर्मत करके करीब ५ दर्जन किसिम के कृषि औजार बना के बाजार में बेच रहल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............