पर्सा के पोखरिया नगरपालिकामे अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के टीम मंगर के दिन छापामारी कइलस। हेटौंडा में रहल आयोग के दफ्तर से गइल टीम, नगरपालिकामे देखल गइल बेथिति आ अनियमितता से जुड़ल शिकायत के आधार पर ई कार्रवाई कइलस।
अख्तियार के टीम नगरपालिकाके जिन्सी शाखा में खास जांच–पड़ताल कइलस। जांच के दौरान शाखा में जादातर कागजात बिल भुगतान से जुड़ल मिलल, लेकिन जवन दोसर जरूरी सामान आ अभिलेख ऑफिस में होखे के चाहीं, ऊ मेयर आ कुछ कर्मचारी लोग के घर में मिलल, अइसन स्रोत बतावत बाड़ें। एह घटना से नगरपालिकामे व्यापक अनियमितता आ दुरुपयोग के आशंका अउरी बढ़ गइल बा।
अख्तियार के टीम जरूरी नाप–जांच करके कागजात के सुरक्षित क लेले बा आ आगे के जांच प्रक्रिया शुरू क देले बा। एह घटना से पोखरिया नगरपालिकाके वित्तीय प्रबंधन, सामान के अभिलेखन आ दफ्तर के पारदर्शिता पर गंभीर सवाल उठ गइल बा।
स्थानीय प्रशासन आ आम नागरिक भी एह मामला के गंभीरता से लेत बाड़ें आ आगे पारदर्शिता आ जिम्मेदारी सुनिश्चित करे खातिर जरूरी कदम उठावे पर जोर देत बाड़ें। उम्मीद कइल जात बा कि अख्तियार के जांच से नगरपालिकामे सुधार आई आ दोषी लोग के पहचान होई।

