वीरगंज — पर्सा क्षेत्र नम्बर २ के सांसद सुशील कुमार कानू, वीरगंज के नारायणी अस्पताल में चल रहल बेथिति आ अव्यवस्था पर गंभीर चिंता जतावत प्रमुख जिल्ला अधिकारी (प्रजिअ) भोला दाहाल से बातचीत कइलन।
मंगर के दिन प्रजिअ दाहाल के दफ्तर में भइल एह बैठक में सांसद कानू कहलन कि अस्पताल में बिचौलिया आ दलाल लोग के गतिविधि तेजी से बढ़ रहल बा, जवन सीधा मरीज लोग पर असर डाल रहल बा। ऊ एह तरह के काम पर रोक लगावे खातिर कड़ा कदम उठावे के मांग कइलन। ऊ ई भी बतवलन कि डॉक्टर लोग मरीज के निजी अस्पताल में रेफर कर रहल बा आ एम्बुलेंस चालक के जरिए दलाली जइसन गैरकानूनी काम बढ़त जा रहल बा।
सांसद कानू ई भी कहलन कि सरकारी अस्पताल में डॉक्टर समय पर ना आवेलन आ पूरा ड्यूटी भी ना करेलन, जेकरे चलते सेवाग्राही लोग परेशान बा। एह समस्या के समाधान खातिर नियमित निगरानी आ सख्ती जरूरी बा।
एह बीच, ऊ छठ पर्व के समय छठ घाट के आसपास माछ–मासु बिके पर आपत्ति जतावत कहले कि धार्मिक भावना आ सामाजिक सद्भाव के ध्यान में रखत तुरंत एह पर रोक लगावल जाए।
बैठक में गरमी के मौसम में बढ़े वाला आगलागी आ दोसरा विपद से निपटे के तैयारी पर भी चर्चा भइल। सांसद कानू दमकल, पानी के स्रोत, बचाव टीम आ जरूरी उपकरण के सही व्यवस्था करे पर जोर दिहलन।
प्रजिअ भोला दाहाल सांसद के बात के सकारात्मक रूप से लेत कहले कि जरूरी निगरानी, समन्वय आ कार्रवाई जल्दी शुरू कइल जाई।
एह बैठक में राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के युवा नेता सुधीर पटेल, मुर्ली जलान, क्षेत्रीय सभापति फैयाज मिया आ प्रकाश साह समेत कई लोग मौजूद रहलें।

