वीरगंज – पर्सा क्षेत्र नम्बर ४ के नवनिर्वाचित सांसद टेकबहादुर शाक्य ई साल एसईई परीक्षा के तैयारी कर रहल विद्यार्थी लोग के प्रोत्साहित करे खातिर नगद इनाम देबे के घोषणा कइलन।
राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) से निर्वाचित शाक्य बतवलन कि पर्सा क्षेत्र नम्बर ४ के छह गो पालिका में से हर पालिकामे जे विद्यार्थी सबसे बढ़िया नतिजा के साथ एसईई पास होई, ओकरा के २१ हजार १११ रुपया इनाम दिहल जाई।
साथे ही, पूरा क्षेत्र में जे विद्यार्थी सबले बेहतरीन नतिजा ले आई, ओकरा खातिर ५१ हजार १११ रुपया के विशेष पुरस्कार दिहल जाई, ई जानकारी सांसद शाक्य दिहलन।
शाक्य के कहना बा कि ई घोषणा के मकसद विद्यार्थी लोग के मनोबल बढ़ावल आ उनकर प्रोत्साहन सुनिश्चित कइल बा।

