२८ मार्च से शुरू होके ३१ मई तक चले वाला इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) २०२६ ई साल के अब तक के सबसे बड़ा सिजन होखे वाला बा।
ई १९वां सिजन में १० टीम के बीच कुल ८४ मैच खेलल जइहें। हर टीम १६–१६ मैच खेलके खिताब खातिर मुकाबला करी। उद्घाटन मैच डिफेंडिंग चैंपियन रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर आ सनराइजर्स हैदराबाद के बीच बैंगलोर के एम चिन्नास्वामी स्टेडियम में होई।
भारत में अप्रैल–मई महीना में विधानसभा चुनाव के चलते पहिला चरण के २० मैच (२८ मार्च–१२ अप्रैल) के ही समय सारिणी सार्वजनिक भइल बा। बाकी मैच के तालिका बाद में जारी होई। फाइनल मैच ३१ मई के बैंगलोर में होखे के उम्मीद बा।
मैदान आ शहर
आईपीएल २०२६ के मैच भारत के १३ अलग-अलग शहर में होई। १० टीम में से ७ टीम आपन होम ग्राउंड चुनले बाड़ीं, जबकि बैंगलोर, पंजाब आ राजस्थान के २–२ होम ग्राउंड रही। ई सिजन रायपुर के शहीद वीर नारायण स्टेडियम में १३ साल बाद आईपीएल के मैच होई।
नया नियम आ सुरक्षा
ई सिजन में मैच के दिन अभ्यास (नेट) के अनुमति ना होई। खिलाड़ी लोग के अनिवार्य रूप से टीम बस से यात्रा करे के पड़ी। परिवार के सदस्य केवल अतिथि क्षेत्र में ही रह सकेलें। स्टाफ हमेशा आईडी कार्ड लगाके रखी आ डगआउट में बिना अनुमति बच्चा लोग ना आ सके। ड्रेस कोड आ प्रसारण नियम भी कड़ाई से लागू होई।
महंगा खिलाड़ी
ई सिजन के ऑक्शन में कैमरेन ग्रिन सबसे महंगा खिलाड़ी बनल, जेकरा के कोलकाता नाइट राइडर्स २५.२० करोड़ रुपया में खरीदे। भारतीय अनकैप्ड खिलाड़ी में प्रशांत वीर आ कार्तिक शर्मा के चेन्नई सुपर किंग्स १४.२०–१४.२० करोड़ रुपया में साइन कइलस।
आईपीएल २०२६ के मैच स्टारस्पोर्ट्स नेटवर्क पर टीवी पर देखल जा सकेला, जबकि डिजिटल रूप में जियो हॉटस्टार पर स्ट्रीमिंग उपलब्ध रही। नेपाल में कान्तिपुर म्याक्स लाइव प्रसारण करी।

