• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

सरकार गहुँ आ चैती धान के न्यूनतम समर्थन मूल्य तय कइलस

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र २९ गते
A A
सरकार गहुँ आ चैती धान के न्यूनतम समर्थन मूल्य तय कइलस

सरकार चालू आर्थिक वर्ष खातिर गहूँ आ चैती धान के न्यूनतम समर्थन मूल्य तय कर देले बा।
कृषि तथा पशुपन्छी विकास मंत्रालय के अनुसार, एह साल दुनो बाली के समर्थन मूल्य में बढ़ोतरी कइल गइल बा।
मंत्रालय के निर्णय अनुसार, एह साल गहूँ के न्यूनतम समर्थन मूल्य प्रति क्विन्टल ३ हजार ९ सय ४५ रुपैया रखल गइल बा, जवन पिछला साल के तुलना में ७७ रुपैया ६२ पैसा अधिक बा।
ओही तरह चैती धान के मूल्य प्रति क्विन्टल २ हजार ८ सय ५६ रुपैया ४९ पैसा तय कइल गइल बा, जवन पिछला साल से ५५ रुपैया ८ पैसा जादा बा।
पिछला साल गहूँ के समर्थन मूल्य ३ हजार ८ सय ६७ रुपैया ३८ पैसा प्रति क्विन्टल आ चैती धान के २ हजार ८ सय रुपैया ६९ पैसा प्रति क्विन्टल रहल रहे।
मंत्रालय के अनुसार, चैती धान के नया समर्थन मूल्य १८ प्रतिशत नमी वाला धान खातिर लागू होई। अगर नमी १८ प्रतिशत से अधिक हो जाला, त प्रति क्विन्टल १ किलो २ सय ग्राम के हिसाब से वजन घटा के भुगतान कइल जाई।
सरकार हर साल किसानन के उत्पादन में प्रोत्साहन देवे आ बजार में उचित मूल्य सुनिश्चित करे खातिर बाली लगावे से पहिले ही न्यूनतम समर्थन मूल्य तय करत आइल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............